Tuesday, April 30, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणयूपी पुलिस के बदल गईल इमरजेंसी नंबर, अब आपात स्थिति में...

यूपी पुलिस के बदल गईल इमरजेंसी नंबर, अब आपात स्थिति में डायल करे के पड़ी 112

उत्तर प्रदेश पुलिस आपन इमरजेंसी नंबर बदल दिहले बा। अब आप अगर कउनो परेशानी में बानी तब आपके 100 नम्बर के जगह 112 नम्बर डायल करे के होइ। उत्तर प्रदेश पुलिस विभाग से मिलल जानकारी के मुताबिक 26 अक्टूबर से लागू हो जाई। कई देश में अउर भारत के कई राज्यों में आपातकालीन हेल्पलाइन के खातिर पहचान रखे के 112 नम्बर प्रदेश में भी लागू होइ। एह सबंध में पुलिस महानिदेशक ओपी सिंह ने आदेश जारी कई दिहले बाने।
यूपी-100 के एडीजी असीम अरुण बतौले कि , “जनता 26 अक्टूबर से 112 नम्बर के जरिए पुलिस के अलावा एंबुलेंस, फायर सर्विस व एसडीआरएफ जैसी जीवन रक्षक एजेंसियन के मदद ले सकी। एह दिन 112 सेवा के इमरजेंसी ऐप भी जारी कईले। एंबुलेंस सेवा के 108, विमेन पावर लाइन के 1090 अउर सीएम हेल्पलाइन के भी 112 के साथ इंटीग्रेट कईल जाई। 112 सेवा के जरिए पीड़ित अउर पीआरवी दुनो के एकदम सही लोकेशन मिली।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments