Sunday, May 5, 2024
Homeटेक्नोलॉजीप्रधानमंत्री मोदी के पर्सनल वेबसाइट के टि्वटर अकाउंट भइल हैक

प्रधानमंत्री मोदी के पर्सनल वेबसाइट के टि्वटर अकाउंट भइल हैक

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

आज कल हैकर लोग रोज़ नया नया कारनामा करत बाने , आज टी उ लोग गजबे कर दिहले आज प्रधानमंत्री मोदी के पर्सनल वेबसाइट के ट्विटर के ही हैक कर दिहलें .

हैकर ने कोविड-19 रिलीफ फंड खातिर डोनेशन में बिटक्वॉइन के मांग कर दिहलें . हालांकि तुरंत बाद में आई टी टीम हरकत में आईल और उ बोगस ट्वीट्स डिलीट कर दिहल गइल.  

प्रधानमंत्री की पर्सनल वेबसाइट के टि्वटर अकाउंट पर क्रिप्टो करेंसी से जुड़ल ट्वीट करल गइल . टि्वटर अकाउंट पर एगो मैसेज में लिखल गइल, “मैं आप लोगों से अपील करता हूं कि कोविड-19 के लिए बनाए गए पीएम मोदी रिलीफ फंड में डोनेट करें.”

एगो दूसर ट्वीट में हैकर लिखले बा की , इ अकाउंट जॉन विक – [email protected] ने हैक कइले बाने . “हमने पेटीएम मॉल हैक नहीं किया है”.

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पर्सनल वेबसाइट के ट्विटर अकाउंट भी वेरिफाइड बा , ओपर 25 लाख से ज्यादा फॉलोवर्स बाने . 

30 अगस्त के साइबर सिक्योरिटी फर्म साइबल इ दावा कइले रहल कि जॉन विक ग्रुप के ही पेटीएम मॉल के डेटा चोरी में हाथ बा . पेटीएम मॉल यूनीकॉर्न पेटीएम की ई-कॉमर्स कंपनी बा .साइबल इ दावा कइले रहल कि इ हैकर ग्रुप ओकरा खातिर फिरौती के मांग भी कइले रहल . हालांकि पीटीएम कहलस कि जांच के दौरान डेटा में सेंधमारी जइसन कउनो घटना ना भइल रहल .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments