Tuesday, May 21, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना पार कइलस 35 लाख के आंकडा , 24 घंटा में...

कोरोना पार कइलस 35 लाख के आंकडा , 24 घंटा में मिलल सबसे ज्यादा मामला

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

देश में कोरोना के मामला 35 लाख के पार हो गइल बा . स्वास्थ्य मंत्रालय से रविवार सुबह जारी भइल आंकड़न के अनुसार, देश में कोरोना संक्रमितन के संख्या 35,42,733 हो गइल बा . पिछला 24 घंटा में (शनिवार सुबह 8 बजे से लेकर रविवार सुबह 8 बजे तक) कोरोना के 78,761 नए मामले मिलल बाने .इ एक दिन में मिले वालन आंकड़न में अब तक के सबसे बड़ी संख्या बा .

ए दौरान देश में 948 कोरोना संक्रमितन  के मौत भी भइल . 27,13,933 मरीज ठीक हो चुकल बाने और अब तक 63,498 लोगन के जान गइल बा . रिकवरी रेट 76.6 प्रतिशत पर पहुंच गइल बा . पॉजिटिविटी रेट 7.46 प्रतिशत बा . 29 अगस्त के 10,55,027 कोरोना सैंपल टेस्ट करल गइल रहल . अबहिं तक कुल 4,14,61,636 सैंपल टेस्ट हो चुकल बाने .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments