Tuesday, May 14, 2024
HomeराजनीतिPM मोदी के मिशन फिट इंडिया अभियान कुछ ही देर में होइ...

PM मोदी के मिशन फिट इंडिया अभियान कुछ ही देर में होइ शुरू

PM नरेंद्र मोदी अब से थोड़े देर में दिल्ली में ‘फिट इंडिया अभियान’ के शुरुआत करीहे | एह अभियान के तहत हर कॉलेज और विश्वविद्यालय के 15 दिवसीय फिटनेस प्लान भी तईयार करे के होयी अउर बाकायदा ओके अपने कॉलेज या विश्वविद्यालय के पोर्टल, वेबसाइट पर अपलोड करे के होइ | खेल दिवस के अवसर पर एह मूवमेंट के लॉन्च कईल जात बा , प्रधानमंत्री कार्यक्रम में हिस्सा लेवे के खातिर पहुंच गईल बाने | खेल मंत्री किरण रिजिजू भी उनके साथ मौजूद बाने |

अभी हाल में फिट इंडिया मूवमेंट पर सरकार के सलाह देवे के खातिर एक समिति के गठन कईल गईल रहल | समिति में भारतीय ओलंपिक संघ , राष्ट्रीय खेल संघ , सरकारी अधिकारी, निजी निकाय अउर प्रसिद्ध फिटनेस हस्तियन के एहमे शामिल कईल गईल |

खेल एवं युवा मामला के ओर से जारी एक बयान के अनुसार, राष्ट्रव्यापी आंदोलन के राष्ट्रव्यापी शुरुआत शारीरिक गतिविधियन अउर खेलन के नागरिकन के दैनिक जीवन में शामिल करी , ताकि उनके शारीरिक फिटनेस अउर कल्याण में सुधार कईल जा सके |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments