Friday, May 10, 2024
Homeदिल्ली-NCRप्रधानमंत्री हुनर हाट में लिट्टी चोखा खाए से दुकानदारन के भइल...

प्रधानमंत्री हुनर हाट में लिट्टी चोखा खाए से दुकानदारन के भइल फायदा, आवे लागल भारी भीड़

 न्यूज़ डेस्क दिल्ली

दिल्ली के राजपथ पर अल्पसंख्यक मंत्रालय  दिल्ली के राजपथ पर 13 फरवरी से 23 फरवरी तक हुनर हाट के आयोजन कइले बा ,एमे  अलग-अलग राज्यन  के दुकानदार आपन आपन सामन ला के बेचत बाने . चल रहल  हुनर हाट में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पहुंचे के बाद से तस्वीर एकदम बदल गईल  .

19 फरवरी से पहले तक जहां पर दिन भर गिनती के लोग आवत रहने  उहे अब पीएम मोदी के आवे  के बाद खाने के अलग-अलग दुकानन पर भरी भीड़ लागल बा . सबसे ज्यादा भीड़ उ लिट्टी चोखे वाला के  स्टॉल पर देखे  के मिल रहल बा जहां पर खुद प्रधानमंत्री बैठकर लिट्टी चोखा खइले रहलें .

बिहार के रहे वाला रंजन के लिट्टी चोखा के स्टॉल  चर्चा  में तब आइल जब  अचानक प्रधानमंत्री हुनर हाट पहुंचले  और उनकर इहाँ के लिट्टी चोखा खइलें . रंजन कहने के उ त सपना में भी ना  सोचले रहने कि  देश के प्रधानमंत्री खुद उनके स्टॉल  पर आकर लिट्टी चोखा खइहे . लिट्टी चोखा खाये  के बाद प्रधानमंत्री उनकर लिट्टी चोखा के बड़ाई कइने और रंजन के पांच सौ रुपया के नोट भी दिहले . पहले त रंजन रुपया लेवे से मना कइलें, लेकिन जब प्रधानमंत्री कहलें कि पैसा त लेवे के पड़ी त उ पांच सौ रूपये में से एक प्लेट के 70 रुपये काटकर बाकी के पैसा  प्रधानमंत्री के वापस कर दिहलें .

प्रधानमंत्री के हुनर हाट पहुंचे से लिट्टी चोखा के स्टाल लगइले  रंजन के साथे-साथ लखनवी चाट के स्टॉल लगइले  राजू के भी  काफी फायदा मिलल बा . राजू की मानें त जब से प्रधानमंत्री हुनर हाट आइल बाने ओकरा बाद से ही हुनर हाट पहुंचे वालन के संख्या  दू  से तीन गुना बढ़ गइल बा और एही  के चलटे राजू के बिक्री भी पहले से तीन गुना हो गईल बा .

 

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments