Sunday, April 28, 2024
Homeयुवामुम्बई नाइट क्लब रेड : सुरेश रैना पर मुंबई पुलिस दर्ज कइलस...

मुम्बई नाइट क्लब रेड : सुरेश रैना पर मुंबई पुलिस दर्ज कइलस FIR दर्ज

न्यूज़ डेस्क: मुम्बई

मुंबई पुलिस अंधेरी के एक बड़े क्लब ड्रैगन फ्लाई में छापा मरलस , जहां कई हाई प्रोफाइल सेलिब्रेटिज के हिरासत में लिहल गइल . कहल जात बा कि कई कलाकार उहा मौजूद रहने. इन सेलेबरेटी के खिलाफ कोरोना वायरस के नियम के तोड़े के लेकर केस दर्ज करल गइल बा. हालांकि, जब पुलिस छापा मरलस त कई सेलिब्रेटिज उहां से पीछे के दरवाजे से निकल गइले. 

जानकारी के मुताबिक छापे के वक्त गायक गुरु रंधावा, सुजैन खान और रैपर बादशाह भी मौजूद रहने. इ सभी पीछे के दरवाजे से निकल गइलें. पुलिस 34 लोगन के हिरासत में लिहलस .

भारतीय क्रिकेटर सुरेश रैना मुसीबत में फंस गइल बाने. मुंबई के ड्रेगन फ्लाई नाम के पब में रैना के कोरोना के नियमों के पालन ना करके पार्टी करे के दोषी पाइल गइल बा .दरअसल मुंबई पुलिस ने रैना के ऊपर केस दर्ज कइले बिया.

पुलिस से मिलल जानकारी के अनुसार इ पार्टी में 19 लोग दिल्ली और पंजाब से आइल रहने. पार्टी में दिल्ली, पंजाब के अलावा साउथ मुंबई से भी कई लोग शामिल रहने. पुलिस कुल 27 कस्टमर और 7 कर्मचारियों के खिलाफ मामला दर्ज कर लिहले बिया. पुलिस के कहना बा की क्रिकेटर सुरेश रैना पर भी धारा 188 के तहत मामला दर्ज करल गइल बा. फिलहाल, हिरासत में गइल लोगन के नोटिस देकर छोड़ा दिहल गइल बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments