न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली
देश के लाखों किसानन खातिर खुशखबरी के खबर बा । पीएम किसान सम्मान निधि योजना (PM-Kisan Samman Nidhi Scheme) के 7 वीं किश्त के इंतजार की घडि़यां अब खत्म हो गइल बा। एही सप्ताह सातवीं किश्त के राशि खातन में जमा होवे वाली बिया। लंबे समय से इंतजार करत किसानन के एही महीना राहत मिली। किश्त जमा होवे के तारीख तय हो गईल बा।
आवे वाली 25 दिसंबर के किसान सम्मान निधि योजना के सातवीं किश्त के रकम किसानन के खाता में क्रेडिट हो जाई। यह योजना किसानन के बीच पीएम किसान योजना PM Kisan Yojana के नाम से लोकप्रिय बा। ए योजना के तहत सरकार किसानन के खाते में 2 हजार रुपए की किश्त देवे ले। साल में कुल 6 हजार रुपए किसानन के प्राप्त होला। अगली और सातवीं किश्त 25 दिसंबर के जमा होई।