Sunday, May 5, 2024
Homeराजनीतिप्रह्लाद सिंह साहनी कांग्रेस के दिहले बड़ा झटका , AAP का...

प्रह्लाद सिंह साहनी कांग्रेस के दिहले बड़ा झटका , AAP का दामन थमलें

कांग्रेस के मुसिबत कम ना होत बा। मुसिबत के कम करे के खातिर अभिन कउनो उपाय कांग्रेस सोचे ओसे पहिले कउनो ने कउनो मुसीबत ओके घेर लेत बा। बड़ा झटका कांग्रेस के पूर्व विधायक प्रह्लाद सिंह साहनी दिहले बाने। दिल्ली में कांग्रेस के पूर्व विधायक प्रह्लाद सिंह साहनी आम आदमी पार्टी के दामन थाम लिहले बाने। साहनी ने आप सुप्रीमो अरविंद केजरीवाल अउर राज्यसभा सांसद संजय सिंह के मौजूदगी में पार्टी के सदस्यता लिहले। 68 साल के साहनी बतौले कि आम आदमी पार्टी के काम से प्रभावित होके उन्होंने कांग्रेस छोड़ले के निर्णय लिहले।

चार बार कांग्रेस पार्टी से विधायक रह चुकल साहनी एह साल 1998 में पहिली बार चांदनी चौक सीट से विधानसभा चुनाव जीतले। ओकरे बाद उ 2003, 2008 और 2013 में फिर से निर्वाचित भईले। साल 2015 में साहनी, आम आदमी पार्टी के अलका लांबा से विधानसभा चुनाव हार गईल रहले लांबा ने हाल ही में फिर से कांग्रेस के दामन थाम लिहले रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments