Thursday, May 16, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणप्रणब मुखर्जी के स्वास्थ्य में ना भइल सुधार, 10...

प्रणब मुखर्जी के स्वास्थ्य में ना भइल सुधार, 10 अगस्त से आर्मी हास्पिटल में बाने भर्ती

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

प्रणब मुखर्जी के हालत में अबही कउनो सुधार नइखे . उनकर बेटा अभिजीत मुखर्जी बुधवार शाम के ट्वीट करके इ जानकारी दिहलें . दो दिन पहले पूर्व राष्ट्रपति के इमरजेंसी ब्रेन सर्जरी करल गइल रहल और साथे उ कोरोना वायरस के संक्रमण से भी जूझत बाने . दिल्ली के आर्मी अस्पताल में उनकर इलाज चलत बा . आर्मी अस्पताल बुधवार सुबह कहलस कि प्रणब मुखर्जी हेमोडाइनेमिकली स्थिर बाने और वेंटिलेटर पर रखल गइल बाने .” 

सेना के रिसर्च एंड रेफरल (आर एंड आर) अस्पताल मंगलवार के बतइले रहल कि प्रणब मुखर्जी के हालत नाजुक बतइले रहल और उनके जीवनरक्षक प्रणाली पर रखल गइल बा . एकरा एक दिन पहले उनके मस्तिष्क के सर्जरी भी करल गइल रहल . प्रणब मुखर्जी के सोमवार दोपहर के समय सैन्य अस्पताल में भर्ती कराएल गइल और सर्जरी से पहले उनके कोविड-19 टेस्ट करावल गइल जेमे उ पाजिटिव मिलने. अबले उनकर हालत में कउनो सुधार नजर नाहि आवत बा और स्थिति नाजुक बनल बिया .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments