Monday, April 29, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणCAA के खिलाफ पूरे देश में विरोध प्रदर्शन तेज, इंटरनेट-यातायात भी भईल...

CAA के खिलाफ पूरे देश में विरोध प्रदर्शन तेज, इंटरनेट-यातायात भी भईल बंद

नागरिकता संशोधन कानून के खिलाफ पूरे देश में प्रदर्शन हो रहल बाने। कई जगह से हिंसा के खबर भी सामने आ रहल बा। राजधानी दिल्ली में लेफ्ट पार्टियों के प्रदर्शन के बाद स्थिति एतना बिगड़ गईल बा कि प्रशासन के कुछ देर के खातिर मोबाइल इंटरनेट सेवा अउर 18 मेट्रो स्टेशन तक बंद करे के पड़ल। दिल्ली के अलावा बिहार, उत्तर प्रदेश, असम, पश्चिम बंगाल अउर कर्नाटक में भी जगह-जगह धरना प्रदर्शन हो रहल बा। पुलिस कई जगह बल के भी प्रयोग कईले अउर कई वरिष्ठ नेता अउर नागरिकन के हिरासत में भी लिहले।

विरोध प्रदर्शन के दौरान बैंगलुरू में इतिहासकार रामचंद्र गुहा, दिल्ली में कांग्रेस नेता संदीप दीक्षित, छात्र नेता उमर खालिद अउर सामाजिक कार्यकर्ता योगेंद्र यादव के भी पुलिस कार्यकर्ता समेत हिरासत में लिहले। याचिकाकर्ता तहसीन पूनावाला अउर सीपीआई नेता सीताराम येचुरी के भी दिल्ली में हिरासत में लिहल गईल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments