Monday, May 20, 2024
Homeराजनीतिमुस्लिम पक्ष चबूतरा के रामजन्मभूमि माने के तैयार

मुस्लिम पक्ष चबूतरा के रामजन्मभूमि माने के तैयार

रामजन्मभूमि- बाबरी मस्जिद मामला में सुप्रीम कोर्ट में रोज सुनवाई होत बा। सुनवाई के दौरान मंगलवार के मुस्लिम पक्ष आपन दलील रखलन।मुस्लिम पक्ष के तरफ से उनकर वकील आपन दलील रखलन। आप लोगन के हम बता देहीं की हिंदू पक्ष के ओर से निर्मोही अखाड़ा, हिंदू महासभा के वकील अपन पक्ष रख चुकल बाने।

राजीव धवन के दलील पूरा भईला के बाद जफरयाब जिलानी भी अपना पक्ष रखले। जफरयाब जिलानी कहलें की 1886 के फैसला में कहल गयल रहे की चबूतरा जन्मस्थान हवे। लेकिन बाद में हिन्दू पक्ष के ओर से अंदर के अहाते और गुंबद पर दावा करल जाए लागल।

जेकरा बाद जस्टिस बोबड़े सबाल कईलन की तब आप 1886 के फैसला के चुनौती ना देत बानी? जेकरा बाद जिलानी कहलन की हम ए मामला के चुनौती ना देत बानी। ए मामला में बाद में कई याचिका शामिल भईल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments