Tuesday, May 21, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणरामजन्मभूमि ट्रस्ट के प्रमुख नृत्य गोपाल दास भइलें कोरोना पॉजिटिव,

रामजन्मभूमि ट्रस्ट के प्रमुख नृत्य गोपाल दास भइलें कोरोना पॉजिटिव,

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ

ताजा खबर के मुताबिक  रामजन्मभूमि ट्रस्ट के प्रमुख महंत नृत्य गोपाल दास भी कोरोना पॉजिटिव हो गइल बाने . उ कुछ दिन पहले 5 अगस्त के अयोध्या में भइल राम मंदिर के भूमि पूजन के समय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के साथ मंच पर मौजूद रहलें .

राम मंदिर भूमि पूजन कार्यक्रम के मंच पर महंत नृत्य गोपालदास जी  के साथ सिर्फ चार मेहमान मौजूद रहलें . प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अलावा मंच पर उत्तर प्रदेश की राज्यपाल आनंदीबेन पटेल , मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ और आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत भी मौजूद रहलें .

महंत नृत्य गोपालदास के कोरोना संक्रमित मिलले के सूचना पर उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ उनकर स्वास्थ्य के जानकारी लिहलें . मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मथुरा के जिलाधिकारी से उनकर देखभाल खातिर और इलाज में हर संभव मदद करे के आदेश दिहलें . उम्मीद बा कि महंत नृत्य गोपालदास के इलाज खातिर जल्द से जल्द मेदांता में ही भर्ती करावल जा सकेला .

image credit: social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments