Monday, May 6, 2024
Homeधर्म कर्मराम मंदिर के भूमि पूजनके तैयारी पूरा भइल, आईं जानल जा कल...

राम मंदिर के भूमि पूजनके तैयारी पूरा भइल, आईं जानल जा कल कब का होई

5 अगस्त के भूमि पूजन कार्यक्रम के दौरान प्रधानमंत्री मोदी प्रधानमंत्री राम मंदिर के नींव रखिहें . एकरा खातिर अयोध्या में एसपीजी सुरक्षा संभाल लिहले बिया . अयोध्या के सीमा सील कर दिहल गईल बा . 5 अगस्त तक बाहरी व्यक्तियन के प्रवेश पर रोक लगा दिहल गइल बा . स्थानीय निवासियों के पहचान पत्र रखल अनिवार्य कर दिहल गइल बा . अयोध्या में आज राम मंदिर के भूमिपूजन से हनुमानगढ़ी में निशान पूजन करल गइल . निशान पूजन के जरिये हनुमान जी से मंदिर निर्माण के अनुमति लिहल गइल . राम मंदिर निर्माण में निशान हनुमानगढ़ी के निशान पूजन के बहुत महत्व बा .

भूमि भूजन कार्यक्रम के दौरान पीएम मोदी अयोध्या में तीन घंटे तक प्रवास करिहें . पीएम मोदी के अयोध्या में लैंड होवे से विदाई तक के पल पल के कार्यक्रम पर एगो नजर डालल जा : 

5 अगस्त की सुबह दिल्ली से प्रस्थान
9:35 बजे:
 दिल्ली से उड़ी विशेष विमान
10:35 बजे: लखनऊ एयरपोर्ट पर होई लैंडिंग
10:40 बजे: हेलिकॉप्टर से अयोध्या खातिर होइहें रवाना
11:30 बजे: अयोध्या साकेत कॉलेज के हेलीपैड पर होई लैंडिंग
11:40 बजे: हनुमान गढ़ी पहुंच कर 10 मिनट दर्शन-पूजन
12 बजे: राम जन्मभूमि परिसर पहुचे के कार्यक्रम साथे रामलला विराजमान के दर्शन – पूजन
12:15 बजे: रामलला परिसर में पारिजात के पौधा लगइहें
12:30 बजे: भूमिपूजन कार्यक्रम के शुभारंभ
12:40 बजे: राम मंदिर की आधारशिला के स्थापना
1.10 बजे: नृत्यगोपाल दास वेदांती जी सहित ट्रस्ट कमेटी से मुलाकात
2:05 बजे: साकेत कॉलेज हेलीपैड खातिर प्रस्थान
2:20 बजे: लखनऊ खातिर हेलिकॉप्टर से उड़ान

भूमिपूजन कार्यक्रम के समय मंच पर सिर्फ पांच लोग ही रहिहें . प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के साथ उत्तर प्रदेश की राज्यपाल आनंदीबेन पटेल, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत और श्रीराम जन्मभूमि ट्रस्ट के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास मंच पर रहिहें . श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय बतइने की वरिष्ठ बीजेपी नेता लाल कृष्ण आडवाणी उमर ज्यादा होवे के कारण ना अइने जबकि बीजेपी नेता उमा भारती बतइली कि उ कोरोना की वजह कार्यक्रम स्थल से दूर सरयू किनारे रहकर ही कार्यक्रम देखिहें .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments