Sunday, April 28, 2024
Homeमनोरंजनभोजपुरी गानासांसद रवि किशन कइने भोजपुरी फिल्मन खातिर अलग सेंसर बोर्ड के...

सांसद रवि किशन कइने भोजपुरी फिल्मन खातिर अलग सेंसर बोर्ड के मांग

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ

गोरखपुर से भाजपा सांसद और फिल्म स्टार रवि किशन कहने कि अश्लील गाने लिखे और गावे वाला लोगिन के खिलाफ अब कानूनी कार्रवाई करल जाई . गोरखपुर से सांसद रवि किशन संसद में भी भोजपुरी फिल्मन में अश्लीलता के मुद्दा उठइहें और भोजपुरी फिल्मन खातिर एगो क अलग सेंसर बोर्ड गठित करे के मांग करिहें .

रवि किशन बतइने कि भोजपुरी गानों में अश्लीलता को लेकर उ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पहिले ही पत्र लिख चुकल बाने . उ इ जानकारी अयोध्या में मीडिया से बात करत समय कहने उ अयोध्या में चलत रामलीला में भरत के किरदार अदा करे खातिर पहुंचल रहने . 

उ कहने कि गोरखपुर जल्द ही फिल्म शूटिंग के हब बनी . उ आगे कहने कि स्विट्जरलैंड के केहू ना जानता रहल . यश चोपड़ा के फिल्मन के माध्यम से लोगन के एकर पता चलल .

रवि किशन , मुख्यमंत्री आदित्यनाथ द्वारा प्रदेश में फिल्म सिटी बनावे के घोषणा पर भी खुशी जाहिर कइले रहने . उ कहले रहने कि गोरखपुर जल्द ही फिल्म शूटिंग के केंद्र बनी. एकरा साथे रवि किशन गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति से विश्वविद्यालय में एक्टिंग एंड फिल्म मेकिंग कोर्स की स्थापना को लेकर बातचीत भी केइ ले बाने .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments