Sunday, April 28, 2024
Homeयुवाकोरोना काल में उदगम चैरिटेबल ट्रस्ट और सायबेज करइलस राजकीय प्राथमिक...

कोरोना काल में उदगम चैरिटेबल ट्रस्ट और सायबेज करइलस राजकीय प्राथमिक विद्यालय के कायाकल्प

उदगम चैरिटेबल ट्रस्ट पिछले कई साल से सरकारी प्राथमिक स्कूल के बच्चन खातिर विभिन्न गतिविधियन के माध्यम से शिक्षा में आगे बढ़े खातिर प्रोत्साहित करत बा l राजकीय प्राथमिक विद्यालय नंबर 1, सेक्टर -24, गांधीनगर के कोरोना की अवधि में समय का अच्छा उपयोग करके बाल-सुलभ बनाइल गइल रहल ।

उदगम की बिनती की ध्यानमें रखके सायबेज सॉफ्टवेयर प्रा. ली Cybage Software.कंपनी के CSR के तहत स्कूल के टूटल खिड़कियन के सायबेज आशा ट्रस्ट CybageAsha बनवा कर नया कर देहलस । पूरे स्कूल के सारे कक्षा के स्कूल के प्रिंसिपल विपुलभाई ब्रह्मभट्ट और शिक्षक लोगिन आवश्यकता के अनुसार तैयार करल ग इल बा ।

आज, गांधीनगर की महापौर श्रीमती रिताबेन पटेल और वार्ड नंबर 4 की पार्षद श्रीमती नीलाबेन शुक्ला उदगम के निमंत्रण पर आपन व्यस्त कार्यक्रम के बावजूद स्कूल का दौरा कइलीं । उदगम के मैनेजिंग ट्रस्टी मयूर भाई जोशी स्कूल में उदगम और सायबज द्वारा कराइल गइल काम के विस्तृत विवरण दिहलें । उ स्कूल के प्रत्येक कक्षा के दौरा कइने और कक्षा के अनुसार बच्चन के का सिखाइल जात बा और ओकरा अनुसार के तरह के चित्र बनावल गइल बा ओकरा बारे में विस्तृत जानकारी दिहलें ।

मेयर रिताबेन और कॉर्पोरेटर नीलाबेन संगठन के काम की सराहना करते हुए कहली कि ए तरह के अनुकूल माहौल से बच्चा लोगन के बहुत फायदा होई , सीखे में उनकर रुचि बढ़ी , बच्चे स्कूल में नियमित होइहें , आगे निकलिहें और समाज खातिर भविष्य में अच्छे नागरिक बनिहें । एक सच्चे और श्रेष्ठ शिक्षक के तपस्या कब्बो खत्म ना होला । एके हमेशा शिष्य में लगाइल जाला । जब उ तपस्या अंकुरित हो जाले , बरगद के पेड़ बन जाला और समाज के ओकर फल वितरित करेला । शिक्षा एगो हमेशा चले वाला प्रक्रिया बा ।

महापौर श्रीमति रिताबेन और पार्षद श्री नीलाबेन के हाथों, सायबेज CSR के हिमांशुभाई मकवाना और पायलबेन चंदा के प्रमाण पत्र दिहल गइल । महापौर उदगम के प्रोजेक्ट wow के तहत सामाजिक कार्यकर्ता श्रीमती वैजूबेन गुप्ते द्वारा करल गइल काम के भी सराहना कइली , जेमे पूरे वर्ष स्कूली लड़कियन के सैनिटरी पैड प्रदान करे के साथ-साथ #Menstrual #hygiene #management बनाए रखे के बारे में बताइल गइल ।

पर्यावरणविद् और सामाजिक कार्यकर्ता श्री मयूर भाई जोशी आमंत्रित अतिथियन , स्कूल के प्रिंसिपल, शिक्षक और सबी लोगन के धन्यवाद दिहने । पूरा कार्यक्रम कोरोना महामारी के लिए दिहल सरकारी दिशा निर्देशों के अनुसार आयोजित करल गइल रहल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments