Sunday, April 28, 2024
Homeमनोरंजनरिया चक्रवर्ती प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के ऑफिस पहुचली, आज होई पूछताछ

रिया चक्रवर्ती प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के ऑफिस पहुचली, आज होई पूछताछ

न्यूज़ डेस्क: मुम्बई

सुशांत सिंह राजपूत केस में आज रिया चक्रवर्ती प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के ऑफिस पहुंच गइली. रिया के ईडी ऑफिस के बाहर देखल गइल . उ सिर पर सफेद दुपट्टा ओढ़े नजर आइली . उनके साथ उनकर पिता और भाई भी ईडी ऑफिस पहुंचले .

ईडी इ मामला में रिया चक्रवर्ती के 7 अगस्त के पूछताछ खातिर अपने दफ्तर में बुलइले रहल , लेकिन रिया आपन ने वकील के माध्यम से कहले रहली की जब तक सुप्रीम कोर्ट इ मामला पर आदेश ना जारी करी , तब तक उनके खिलाफ हो रहल ईडी के कार्रवाई रोकल जाए और उनकर बयान न दर्ज करल जाए . हालांकि ईडी उनकर अपील के ठुकरा दिहले रहल और कहले रहल की रिया चक्रवर्ती के जांच में सहयोग करे के पड़ी . 

रिया के साथ उनकर भाई शोविक चक्रवर्ती से भी ईडी पूछताछ करत बिया . शोविक सुशांत की दो कंपनियन में डायरेक्टर बाने .

सीबीआई ने 7 लोगन के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइने बिया . इस एफआईआर में रिया के पिता, भाई और मां के नाम भी शामिल बा . बिहार सरकार के सीबीआई की सिफारिश के केंद्र सरकार ने मंजूरी दे दिहले रहल . जेकरा बाद मामला अब सीबीआई के हाथों में चल गइल बा .सीबीआई धारा 306, धारा 420,धारा 380,धारा 506, धारा 406, धारा 341, धारा 342 के तहत केस दर्ज कइले बिया .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments