Tuesday, May 14, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणभारतीय रेलवे बंद कर दिहलस अंग्रेजन के जमाने के एगो सेवा

भारतीय रेलवे बंद कर दिहलस अंग्रेजन के जमाने के एगो सेवा

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली  

भारतीय रेलवे आज खलासी के पद खत्म करे के घोषणा कर दिहलस . रेलवे की ओर से कहल गइल बा कि खलासी के पद औपनिवेशिक काल के रहल और अब इन पदन पर कउनो भर्ती ना होई . दरअसल खलासी के काम अंग्रेजन के शासन काल में रेलवे अधिकारियन के आवास पर तैनात चपरासियों के तरह होवत रहल .

6 अगस्त के रेलवे बोर्ड की ओर से जारी भइल आदेश के मुताबिक खलासी के पद के समीक्षा भइल और फैसला लिहल गइल कि अब इन पदन पर कउनो भर्ती ना करल जाई .  एकरा अलावा 1 जुलाई 2020 से इन पदन पर करल गइल नियुक्तियन के भी समीक्षा करल जाई .

टेलीफोन अटेंडेंट सह डाक खलासी (टीएडीके) संबंधी मामले की भी समीक्षा करल जा रहल बा . आदेश में कहल गइल बा की , ‘टीएडीके के नियुक्ति संबंधी मामला रेलवे बोर्ड में विचाराधीन बा , एही से इ फैसला करल गइल बा कि टेलीफोन अटेंडेंट सह डाक खलासी के स्थानापन्न के जगह पर नया लोगन के भर्ती के प्रक्रिया आगे ना बढ़ाइल जाये और ना ही तत्काल नियुक्ति करल जाए .’ आदेश में कहल गइलबा कि, “इसके अलावा, एक जुलाई 2020 से इस प्रकार की नियुक्तियों को दी गई मंजूरी के मामलों की समीक्षा की जा सकती है और इसकी स्थिति बोर्ड को बताई जाएगी. इसका सभी रेल प्रतिष्ठानों में सख्ती से पालन किया जाए”.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments