Thursday, May 2, 2024
Homeयुवा"The Family Man 2" सीरीज के रिव्यू, जानी का ख़ास बा इ...

“The Family Man 2” सीरीज के रिव्यू, जानी का ख़ास बा इ बार .

बॉलीवुड एक्टर मनोज बाजपेयी (Manoj Bajpayee) और समंथा अक्कीनेनी (Samantha Akkineni) स्टारर वेब सीरीज ‘द फैमिली मैन’ के दूसरा सीजन भी रिलीज हो गइल बा. इ सीरीज शुक्रवार के रिलीज होवे वाला रहल लेकिन फैंस के सरप्राइज देते हुए मेकर्स एके एक दिन पहले ही रिलीज कर दिहलें . पहले सीजन की बनिस्पत दूसरे सीजन ज्यादा दमदार बनल बा .

पहले से ज्यादा दमदार है सीजन 2
सीरीज की कहानी न सिर्फ पहले सीजन से दूसरे सीजन में आराम से घुलत नजर आवत बा बल्कि एक्शन, थ्रिलर, सस्पेंस और ड्रामा के भी एक लेवल ऊपर ले जाइल गइल बा . कुछ खूबसूरत चीजन को पहीले जैसन ही रखल गइल बा . जइसे आपके इ बार भी श्रीकांत की जिंदगी में काम और परिवार के बीच के टकराव नजर आई

मनोज बाजपेयी इ इस बार पहले की तुलना में ज्यादा मेहनत कइले बाने जउन कि साफतौर पर दिखाई पड़त बा . समंथा अक्कीनेनी की इ सीरीज में एंट्री चर्चा के विषय रहल लेकिन कहे के पड़ी कि उन कमाल कर दिखइले बाड़ी . हर तरह के सीक्वेंस और रोल में समंथा कमाल कर गईल बानी और जब उ गुस्से में दिखेली त उनकर आंखों के जादू साफ दिखेला .

निर्देशन, बैकग्राउंड स्कोर और एडिटिंग जइसन चीजें भी 5 में से 4 अंकों के हकदार बानी . कुल मिलाकर 10 एपिसोड की इ सीरीज थोड़ी लंबी जरूर बिया लेकिन मेकर्स एके इतना खूबसूरती से बुनले बाने कि इ कहीं पर भी आपके बोझिल ना करी .

.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments