Sunday, May 5, 2024
Homeराजनीतिकांग्रेस के दिल्ली के रामलीला मैदान में आज 'भारत बचाओ' रैली

कांग्रेस के दिल्ली के रामलीला मैदान में आज ‘भारत बचाओ’ रैली

नागरिकता संशोधन कानून, अर्थव्यवस्था की सुस्त रफ्तार, बढ़ल बेरोजगारी और किसानन के समस्या जइसन कई मुद्दा के लेके कांग्रेस मोदी सरकार के घेरले के तैयारी में जुट गईल बा। एही क्रम में कांग्रेस आज दिल्ली के रामलीला मैदान में ‘भारत बचाओ’ रैली का आयोजन कर रहल बा। एह रैली के सफल बनावे के खातिर देश भर से कांग्रेस कार्यकर्ता दिल्ली के रामलीला मैदान पहुंच रहल बाने।

 

'Save India' rally today at Congress's

 

रैली के लेकर कांग्रेस आपन सब तैयारी पूरी कई लिहले बा। सभा स्थल के कांग्रेस के झंडा अउर पोस्टरों से सजा दिहल गईल बा। एकरे अलावा कांग्रेस के कार्यकारी अध्यक्ष सोनिया गांधी, राहुल गांधी समते कई नेता के बड़ा बड़ा पोस्टर लगावल गईल बाने।

कांग्रेस पार्टी के तरफ से रैली के खातिर बनावल बाने तीन मंच
पार्टी के ओर से रैली के खातिर तीन मंच मुख्य मंच पर पार्टी अध्यक्ष सोनिया गांधी, राहुल गांधी, मनमोहन सिंह, संगठन महासचिव केसी वेणुगोपाल जइसन वरिष्ठ नेता बइठिहे। वहीं मुख्य मंच के दाहिने अउर बाएं तरफ सीडब्ल्यूसी के सदस्य, मुख्यमंत्री, पार्टी महासचिव, प्रभारी समेत दूसरे महत्वपूर्ण नेता बइठिहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments