Sunday, April 28, 2024
Homeयुवाख़तम भइल धारा 370, जम्‍मू कश्‍मीर से अलग होई लद्दाख,...

ख़तम भइल धारा 370, जम्‍मू कश्‍मीर से अलग होई लद्दाख, दुनु बनिहें नया संघ शासित प्रदेश

आज राज्य सभा में गृह मंत्री अमित शाह ने  जम्मू कश्मीर के विशेष राज्य के  दर्जा खत्म करके अनुच्छेद 370 ख़त्म करवा देहलें ।

राज्यसभा में हंगामे के बीच गृहमंत्री  अमित शाह ने जम्मू-कश्मीर से अनुच्छेद 370 हटाने का ऐलान कर दिहलें . राज्यसभा में भारी हंगामे के बीच उ कहने कि कि अनुच्छेद 370 के कई खंड लागू ना होइहें . सिर्फ खंड एक बचल  रही  एकरा साथे ही  जम्मू-कश्मीर के  मिलल विशेष राज्य का दर्जा खत्म हो गइल  I उ कहने कि जम्मू-कश्मीर अलग केंद्र शासित प्रदेश बनी  और लद्दाख के अलग केंद्र शासित प्रदेश बनाएल जाई .  जम्मू-कश्मीर विधानसभा के साथ केंद्र शासित प्रदेश बनी .

सरकार के इ फैसला  पर कांग्रेस नेता गुलाम नबी आजाद ने कहले कि “उ 2-3 सांसदन  के  संविधान के कॉपी फाड़ले  के फैसले के  निंदा करत बाने . हम लोग  भारत के संविधान के साथ खड़ा बानी . हम हिंदुस्तान की रक्षा के लिए जान की बाजी लगा देब . लेकिन आज बीजेपी  संविधान के हत्या कर दिहलस “.

बहुजन समाज पार्टी   जम्मू-कश्मीर से अनुच्छेद 370 को हटाने के फैसला  के  समर्थन कइलस .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments