Friday, May 17, 2024
Homeव्यापारनिफ्टी 10000 के पार ,सेंसेक्स में 530 अंकों के बढ़त,

निफ्टी 10000 के पार ,सेंसेक्स में 530 अंकों के बढ़त,

लगातार सप्ताह के तीसरे कारोबारी दिन यानी बुधवार के भी शेयर बाजार में बढ़त जारी बा । बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज के प्रमुख इंडेक्स सेंसेक्स 1.57 फीसदी की बढ़त के साथ 531.35 अंक ऊपर 34356.88 के स्तर पर खुलल । साथे नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के निफ्टी में भी बढ़त देखल गइल । इहो 1.63 फीसदी की तेजी के साथ 162.75 अंक ऊपर 10141.85 के स्तर पर खुलल । 

आज टीसीएस के अलावा सब शेयर हरे निशान पर खुलने । ज्यादा बढ़त वाले शेयरन में बजाज फाइनेंस, एक्सिस बैंक, ब्रिटानिया, एचडीएफसी बैंक, टाटा मोटर्स, आईसीआईसीआई बैंक, इंडसइंड बंक, बजाज फिन्सर्व, जी लिमिटेड, इंडसइंड बैंक और गेल शामिल बाने । 

मंगलवार के विश्वभर के सभी बाजार बढ़त के साथ बंद भइल रहने , जेकर असर घरेलू बाजार पर पड़ल बा । अमेरिका के डाउ जोंस 1.05 फीसदी की बढ़त के साथ 267.63 अंक ऊपर 25,742.70 पर बंद भइल रहल । नैस्डैक 0.59 फीसदी बढ़त के साथ 56.33 अंक ऊपर 9,608.38 पर बंद भइल रहल। एसएंडपी 0.82 फीसदी बढ़त के साथ 25.09 अंक ऊपर 3,080.82 पर बंद भइल रहल। चीन का शंघाई कम्पोजिट 0.34 फीसदी बढ़त के साथ 10.00 अंक ऊपर 2,931.39 पर बंद भइल रहल। साथे इटली, जर्मनी और फ्रांस के बाजारों में भी बढ़त रहल ।

Image craedit: social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments