Thursday, May 2, 2024
Homeराजनीतिभाजपा के मन्त्रिन के चुनाव ना लड़े पर शशि थरूर बोलले व्यंग

भाजपा के मन्त्रिन के चुनाव ना लड़े पर शशि थरूर बोलले व्यंग

लोकसभा चुनाव 2019 में भाजपा सरकार के 7 मन्त्रिन  के चुनाव ना लड़ला पर शशि थरूर ट्वीट कई के लिखले की भाजपा के 7 मंत्री ( विदेश मंत्री, वित्त मंत्री, रक्षा मंत्री, रेल मंत्री, पेट्रोलियम मंत्री, शिक्षा मंत्री, कोयला मंत्री ) लोकसभा चुनाव न लड़त बाने उनके जगह पर चुनाव के लड़त बा ? – निरहुआ यादव , सनी देओल अउर प्रज्ञा ठाकुर!

आप लोगन के बता दिहल जा की मोदी सरकार के कई मंत्री जईसे विदेश मंत्री, वित्त मंत्री, रक्षा मंत्री, रेल मंत्री आदि चुनाव न लड़त बाने बल्कि भाजपा के खातिर अपने कमजोर प्रत्याशियन के पक्ष में कैंपेनिंग करत दिखाई देत बाने | एही से कांग्रेस नेता शशि थरूर कई वरिष्ठ नेता लोगन के स्थान पर अभिनेता लोगन अउर मालेगांव बम विस्फोट के आरोपी के चुनाव लड़ला पर बीजेपी पर निशाना सधले बाने |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments