Tuesday, April 30, 2024
Homeमनोरंजनबैल के जगह,बेटी के खेत में जोताइ में लगल देख पसीजल...

बैल के जगह,बेटी के खेत में जोताइ में लगल देख पसीजल सोनू सूद के दिल, भेज दिहले नया ट्रैक्टर

आंध्र प्रदेश के चित्तूर जिले के महालराजुवारी पल्ले गांव में एगो किसान के भाग अचानक खुल गइल .इन्टरनेट पे वायरल भइल एगो वीडियो में इ किसान आपन गरीबी के कारण बैल के जगह पे आपन दुनु बेटियन के साथ खेत के जुताई करत दिखत रहल. इ वीडियो सोनू सूद भूइ देखलें और ट्वीट कर के कहले की रविवार सुबह तक किसान के पास बैलन के एक जोड़ी होई . उ ट्वीट कइने , “कल सुबह तक उनके पास खेतों की जुताई करने के लिए बैलों की एक जोड़ी होगी. लड़कियों को उनकी शिक्षा पर ध्यान देने दें.”

हालांकि सुबह उ फिर से ट्वीट कइने, “यह परिवार बैल की एक जोड़ी के नहीं बल्कि एक ट्रैक्टर के लायक है. इसलिए आपको शाम तक एक ट्रैक्टर भेज दिया जाएगा जो आपके खेतों की जुताई करेगा.”

एक और दिल जीते वाला काम करके अभिनेता सोनू सूद रविवार के आंध्र प्रदेश के उ किसान के घंटों के भीतर एक ट्रैक्टर मुहैया करा दिहलें . आपन वादा के मुताबिक, अभिनेता इ सुनिश्चित कइने कि ट्रैक्टर चित्तूर जिले के महालराजुवारी पल्ले गांव में एही किसान परिवार तक पहुंचे.स्थानीय ट्रैक्टर डीलर उनके गांव में आकर ट्रैक्टर पहुंचइलस .

उनकर इ काम पर चंद्रबाबू नायडू भी उनके बधाई दिहलें

वीरथल्लू नागेश्वर राव के चाय की दुकान कोविड-19 के कारण बंद बा . पैसा ना होवे के कारण उ जुताई खातिर बैल किराए पर नाहीं ले सकले . तब उ आपन दुनु बेटियन, वेनेला (12 वीं कक्षा) और चंदना (दसवीं कक्षा) के बैल के जगह पर इस्तेमाल करे खातिर मजबूर हो गइने .

सोनू सूद के इ कदम परिवार के साथे साथ प्रशंसकन के भी दिल जीत लिहलस . सोशल मीडिया पर उनके इ कदम के खूब प्रशंसा हो रहल बा .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments