Friday, May 17, 2024
Homeमनोरंजनआज रिलीज होई सुशांत सिंह राजपूत के आख़री फिलिम ...

आज रिलीज होई सुशांत सिंह राजपूत के आख़री फिलिम ‘दिल बेचारा ‘

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली 

सुशांत के फैंस खातिर आज बहुत अहम् दिन बा आज उनकर करियर की आख़िरी फ़िल्म ‘दिल बेचारा’ (Dil Bechara) आज रिलीज होवे वाला बिया . आज सुशांत सिह राजपूत के फैंस लाखों की तादाद में ट्वीट कर सुशांत को याद करत बाने .

सुशांत सिंह के आत्महत्या की जांच अबही चलत बा . ए मामला में 30 से अधिक लोगन से पूछताछ हो चुकल बा जो सुशांत के करीब रहने . लेकिन उनकर फैंस मुंबई पुलिस के इ जांच से संतुष्ट ना बाने उ लोग लगातार सुशांत आत्महत्या मामले में सीबीआई जांच के मांग करत बाने . बॉलीवुड के भी कई हस्ति भी सुशांत के इंसाफ दिलावे के बात करत बानी .

सुशांत सिंह राजपूत मुंबई स्थित आपन घर पर फांसी लगाकर आत्महत्या कर लिहले रहने . सुशांत डिप्रेशन के शिकार हो गइल रहने और 6 महीना से उनकर इलाज भी चलत रहल . आज सुशांत के फिल्म ‘दिल बेचारा’ रिलीज होवे जात बा जेमे संजना सांघी बतौर लीड एक्ट्रेस काम करत बानी . संजना इस फिल्म से बतौर एक्ट्रेस बॉलीवुड डेब्यू कर रहल बानी . फिल्म के निर्देशन मुकेश छाबरा कइले बाने .

Image credit: social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments