Thursday, October 31, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणJNU छात्र से ना लिहल जाई विंटर सेमेस्टर में सर्विस चार्ज

JNU छात्र से ना लिहल जाई विंटर सेमेस्टर में सर्विस चार्ज

जवाहर लाल नेहरू यूनिवर्सिटी में बढ़ल फीस कम कई दिहल गईल बा। छात्र संघ के मांग के देखते हुए यूनिवर्सिटी प्रशासन इ कदम उठवले बाने। बढ़ल फीस के कम करे के खातिर लेफ्ट गुट के छात्र संघ लगातार विरोध प्रदर्शन कर रहल हवे। यूनिवर्सिटी प्रशासन इ तय कईले बा कि छात्र से विंटर सेमेस्टर में सर्विस चार्ज ना वसूलल जायी। यूनिवर्सिटी यह भी फैसला लिहले बा कि छात्र के यूटिलिटी चार्ज भी ना देवे के होइ। छात्र लोगन के ऊपर यूनिवर्सिटी 1700 रुपये सर्विस चार्ज लगवले बाने लेकिन, अगले आदेश तक इ चार्ज छात्र लोगन के ना देवे के होइ। एह खर्च के यूजीसी उठायी।

ऐसे पहिले बढल फीस के वापस लेवे के खातिर छात्र संगठन गुरुवार शाम के राष्ट्रपति भवन के ओर मार्च निकलले। मार्च के बीच में ही रोक लिहल गईल रहे। एह दौरान प्रदर्शनकारियन अउर पुलिस के बीच झड़प भी देखे के मिलल। भीड़ के हटावे के खातिर पुलिस के लाठीचार्ज भी करे के पड़ल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments