Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणतालिबान , पंजशीर में फहरइलस आपन झंडा, पूरी तरह कब्ज़ा के कइलस...

तालिबान , पंजशीर में फहरइलस आपन झंडा, पूरी तरह कब्ज़ा के कइलस दावा

तालिबान आख़िरी बचल प्रांत पंजशीर पर भी अब पूरी तरह आपन जीत के दावा कइले बा

उ आपन लड़ाकन के सोमवार के दिन झंडा फहराते हुए एगो वीडियो ऑनलाइन पोस्ट कइले बा.

हालांकि, विरोधी बल नेशनल रेसिस्टेंस फ़्रंट (NRF) अबहीं भी कहत बा कि उ सभी रणनीतिक जगहों पर मौजूद बा और लड़ाई जारी रखले बा.

नेशनल रेसिस्टेंस फ़्रंट (NRF) के नेता तालिबान के ख़िलाफ़ ‘राष्ट्रीय विद्रोह’ के आह्वान कइले बाने .

NRF के प्रमुख नेता अहमद मसूद सोशल मीडिया पर एगो ऑडियो मैसेज जारी कइले बाने जेमे उ अंतरराष्ट्रीय समुदाय पर तालिबान के वैधता ना देवे के साथ-साथ उ लोगन के सैन्य और राजनीतिक समर्थन देवे के दोषी ठहरइले बाने .

उ कहने कि, “आप जहां भी हो, अंदर या बाहर, मैं आपसे हमारे देश की गरिमा, स्वतंत्रता और समृद्धि के लिए राष्ट्रीय विद्रोह का आह्वान करता हूँ.”

तीन सप्ताह पहले तालिबान , अफ़ग़ानिस्तान के नियंत्रण अपने क़ब्जे में ले लिहले रहल और 15 अगस्त के राजधानी काबुल भी उनके नियंत्रण में आ गइल और पश्चिम समर्थित सरकार ढह गईल रहे .

एसे पहले NRF के प्रवक्ता अली मैसम तालिबान के दावों के ख़ारिज करते हुए बीबीसी से कहले रहने कि ‘तालिबान ने पंजशीर पर क़ब्ज़ा नहीं किया है.’

विरोधी समूह के ट्विटर हैंडल से ट्वीट करल गइल रहल, “तालिबान और उनके साझेदारों के ख़िलाफ़ संघर्ष जारी है जब तक कि न्याय और स्वतंत्रता की जीत नहीं हो जाती.”

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments