Monday, May 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना के कहर जारी, मरे वाले लोगन के संख्या में भारी इजाफा.

कोरोना के कहर जारी, मरे वाले लोगन के संख्या में भारी इजाफा.

देश में कोरोना संक्रमण के रफ्तार जारी बा। कोरोना संक्रमण के दैनिक मरीजों के संख्या में उतार चढ़ाव जारी बा। महाराष्ट्र, गुजरात और मध्यप्रदेश समेत कई राज्यन में महामारी विकराल रूप धारण कर लेहले बा, इ कुल पर नियंत्रण पाए के खातिर कई तरह के पाबंदि लगावल जा रहल बा। वहीं देश में पिछले 24 घंटा में रिकॉर्ड 53 हजार से अधिक कोरोना मरीज मिलल बाने अउर 354 के संक्रमण से जान चल गईल बा। एक दिन पहिले के तुलना में कोरोना से मरे वालन के संख्या में भयल वृद्धि चिंता बढ़ा देले बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय बुधवार के यह जानकारी देले बा।

देश में कोरोना वायरस के सक्रिय मामलन में लगातार बेताहाशा बढ़ोतरी जारी बा। सक्रिय मामलों में बढ़ोतरी के साथ ही कोरोना से होखे वाली मौतों के आंकड़ा भी एक बार फिर रफ्तार पकड़ रहल बा। महाराष्ट्र, पंजाब, कर्नाटक, छत्तीसगढ़ और गुजरात में कोरोना के मामलन तेजी से बढ़ल बा और ओही राज्यन में मौतों के आंकड़ा भी बढ़ल बा।

कोविड से होखे वालन मौतन के संख्या से बढ़ल चिंता
स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से बुधवार के जारी ताजा आंकड़न के मुताबिक, बीते 24 घंटा में कोरोना वायरस से संक्रमण के दैनिक मामलन में मामूली गिरावट के साथ  53,480 नया मामला दर्ज कयल गईल बा, देश में संक्रमण के कुल मामला बढ़के 1,21,49,335 पहुंच गईल। उहें 24 घंटे में इस जानलेवा संक्रमण से 354 लोगन के जान गईल बा, एही के साथ मरने वालन के संख्या 1,62,468 पहुंच गईल बा। बता देंही कि एसे पाहिले मंगलवार के कोरोना से 271 लोगन के जान गईल बा। एक दिन बाद मौतन के संख्या लोगन के चिंता बढ़ा रहल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments