Monday, May 6, 2024
Homeदिल्ली-NCRदू दिन के भारत यात्रा करे के बाद डोनाल्ड ट्रंप वापस...

दू दिन के भारत यात्रा करे के बाद डोनाल्ड ट्रंप वापस अमेरिका लौटने

न्यूज़ डेस्क  दिल्ली :

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप आपन भारत यात्रा के खातिर  सोमवार शाम दिल्ली पहुंचले  रहलें  उनके  साथ उनकर  पत्नी मेलानिया, बेटी इवांका और दामाद जेरेड कुशनर और प्रशासन के शीर्ष अधिकारी रहले । अमेरिकी राष्ट्रपति  वाशिंगटन से सीधे अहमदाबाद पहुंचले ।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी और अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप  सोमवार के  अहमदाबाद के मोटेरा स्टेडियम में नमस्ते ट्रंप नाम से    लोगन के  संबोधित कइले . अहमदाबाद आवे  के बाद डोनाल्ड ट्रंप लंबे रोड शो के बाद मोटेरा स्टेडियम पहुंचले , जहां पर अमेरिकी राष्ट्रपति , प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी और भारत के  तारीफ कइले . डोनाल्ड ट्रंप आपन  इ दौरान अमेरिका के  भारत के  सबसे अच्छा दोस्त बतइलें  और कहले  कि पीएम मोदी एक सच्चे चैम्पियन बाने . उहे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी  भी आपन  संबोधन में डोनाल्ड ट्रंप, मेलानिया के  तारीफ क इने  और अमेरिका के  सच्चा साथी बतइने .

अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप आईटीसी मौर्य होटल में ठहरेंलें  ,ओकरा बाद अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप आगरा सपरिवार घूमे और ताज महल के देखे गइलें  फिर उहा से  दिल्ली पहुंचलें ।

दूसरा दिन राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद और प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी उनकर  औपचारिक स्वागत कइलें और महात्मा गांधी के राजघाट पर श्रद्धांजलि दिहले । हैदराबाद हाउस में मोदी-ट्रंप के बीच द्वीपक्षीय वार्ता भइल । साझा बयान जारी करके  दुनु नेता  बतइने कि उ लोग  रक्षा सौदे पर हस्ताक्षर कइलें बाने ।

डिनर कार्यक्रम में पीएम नरेंद्र मोदी, उप राष्ट्रपति एम वेंकैया नायडू, स्पीकर ओम बिरला सहित कई केंद्रीय मंत्री और राज्यों के मुख्यमंत्री मौजूद रहले ।

रात में 10 बजे उ अमिरीकी एयर फ़ोर्स वन  नाम के आपन हवाई जहाज  से वापस चल  गइने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments