Sunday, April 28, 2024
Homeदिल्ली-NCRदिल्ली CAA के विरोध में भइल भारी हिंसा

दिल्ली CAA के विरोध में भइल भारी हिंसा

न्यूज़ डेस्क , नई दिल्ली: 

राजधानी दिल्ली में सोमवार के  एक भयानक दंगा भइल . दिल्ली के जाफराबाद में नागरिकता संशोधन कानून (CAA) के खिलाफ चल रहल  प्रदर्शन के बीच रविवार के  शुरू भइल हंगामा सोमवार के  और हिंसक हो गइल . नागरिकता कानून के विरोधियन  और समर्थकन के बीच हिंसक झड़प भइल, जेमे  एगो पुलिस कांस्टेबल समेत 5 लोगन  के मौत हो गईल . भजनपुरा के पास चांदबाग में रतनलाल नाम के हेड कांस्टेबल के पत्थर  लगे से  मौत हो गईल . उहें , मोहम्मद फुकरान के  भी गोली लगे  से जान चली गइल . हिंसा में शाहदरा के डीसीपी अमित शर्मा समेत दर्जन भर पुलिसकर्मी भी घायल भइल बाने . सोशल मीडिया पर हिंसा के एगो  वीडियो में विरोधियों पर गोलियां चलावत  एक आदमी दिखत बा  . दिल्ली पुलिस  ओ  लाल रंग के  टी-शर्ट पहने आदमी  के पहचान कर लीहले बिया . एकर  नाम शाहरुख बताइल जात बा  .

सड़क पर भागते हुए शाहरुख सड़क के  दूसरी ओर खड़े   विरोधी  लोगन पर कई राउंड फायर कइलस . एगो पुलिसकर्मी शाहरुख के  रोके खातिर  ओके  ओर बढ़लस  त इ  बेखौफ आरोपी  पुलिसकर्मी पर भी पिस्टल तान देहलस . पुलिस के सामने ही शाहरुख ने कई गोली चलइलस . दिल्ली पुलिस  शाहरुख के  शिनाख्त करे के बाद ओके हिरासत में ले लिहले बिया . इ हिंसक प्रदर्शन में   कई गाड़ियों और घरन में  आग लगा दिहल गइल .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments