Sunday, May 5, 2024
Homeयुवासमाज के सकारात्मक प्रेरणा देवे खातिर शुरू भइल उदगम संवाद

समाज के सकारात्मक प्रेरणा देवे खातिर शुरू भइल उदगम संवाद

उदगम ट्रस्ट महिला लोगिन खातिर महिला उपलब्धि पुरस्कार के अनुभव के माध्यम से समाज के सकारात्मक प्रेरणा देवे  के  खातिर उदगम संवाद शुरू कइले  बा । उदगम ट्रस्ट  दू गो अद्भुत ओपनिंग डायलॉग के सफलता पर २० नवंबर को तीसरे उद्घाटन संवाद के  आयोजन सेक्टर -17 के स्टाफ ट्रेनिंग कॉलेज, गांधीनगर में कइलस ।

उदगम संवाद के शुरुवात  रामेश्वरजी के साथ श्री ध्रुवभाई जोशी, आशाबेन सरवैया, विजंतीबेंन गुप्ते, विनाबेन वोरा, वैशालीबेन जोशी और डॉ मयूर जोशीने में दिप जला के कइने  l

तीसरे उद्घाटन संवाद में, रामेश्वरी तलुर्री सेठ  आपन  बचपन से लेकर वर्तमान जीवन तक की यात्रा पर चर्चा कइली । उ कहली  कि उ कब्बो  जाति, वर्ण और रंगभेद में विश्वास ना कइली। उनकर अच्छी हिंदी  उनके पहले निर्देशक श्री लेख टंडन के देन बा । उ कहली  कि “मैंने हमेशा एक अच्छी कहानी वाली फिल्म की है और कभी पैसे को प्राथमिकता नहीं दी है ।” उ कहली कि एक अभिनेत्री के रूप मेंउनके कबो कौनो भूमिका खातिर पूर्वाभ्यास के जरूरत ना पडल काहें की उ एक प्राकृतिक अभिनेत्री बाड़ी, लेकिन उनके  प्रोडूसर बनल  ज्यादा नीक लागल  । अगर रउवा लोग भी कुछ करल चाहत बानी त दोसरन से  बात करी उनकर विचार जानी और ओपर अमल करी , फिर आपको अवश्य सफलता मिली । उ आपन  वृक्ष प्रेम के भी बात  कइली । पूछल  गइल  एक सवाल के जवाब में, उ  कहली  कि सिनेमा हमेशा समाज का प्रतिबिंब रहेला । और समाज में जोन होला  उ सिनेमा में  दिखाइल जाला । उ उदगम ट्रस्ट के सामाजिक कार्यन के खूब   प्रशंसा कइली  और  कहली  की उ आशा करत बाड़ी की टीम उदगम टीम  एही तरह नीक काम करत रही ।

सामजिक कार्यन में योगदान खातिर  उदगम संवाद आइकॉन अवार्ड से सुश्री लीना माइकल और सुश्री ओमी त्रिवेदी के  सम्मानित करल गइल।

तीसरे स्रोत संवाद के  प्रबंधन उदगम के मेनेजिंग ट्रस्टी डॉ मयूर जोशी कइलें  और रामेश्वरीजी से अनुरोध कइलें उ उदगम परिवार के  हिस्सा बने । उदगम वुमंस विंग के मेंटर सुश्री आशा सरवैया जी उनकर  स्वागत कइली और उदगम के ट्रस्टी श्री ध्रुवभाई जोशी ने उनके  मोमेंटो दे के लिए धन्यवाद दिहलें ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments