Monday, May 6, 2024
Homeयुवाअश्वेत के मौत पर अमेरिका में भइल भारी बवाल ,

अश्वेत के मौत पर अमेरिका में भइल भारी बवाल ,

अमेरिका में एगो अश्वेत व्यक्ति जॉर्ज फ्लॉयड के पुलिस हिरासत में मौत और इ घटना के वीडियो वायरल होवे के बाद से हिंसक प्रदर्शन चलत बा . इ मामला में एगो पुलिसकर्मी के बर्खास्त कर ओ पर हत्या के मामला दर्ज कइल गइल बा .

अमेरिका में जॉर्ज फ्लॉयड  के मौत के बाद इंसाफ खातिर अश्वेत लोगन के प्रदर्शन जारी बा . पुलिस सोमवार के व्हाइट हाउस के पास प्रदर्शन करत लोगन के तितर-बितर करे खातिर आंसू गैस और रबर बुलेट का इस्तेमाल कइलस . एही बीच, अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप हिंसा के रोकने खातिर सेना तैनात करे के चेतावनी दिहले बाने . ट्रंप कहने कि अगर राज्य हिंसा रोके से असफल रहने त अमेरिकी सेना तैनात करल जाई ताकि लोगन के अधिकारों, संपत्ति और जान के सुरक्षा हो सके. 

www.rgpindia.com (Your one-step solution for web designing & SEO)

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप देश के प्रमुख शहरों में हो रहल हिंसक प्रदर्शनों के तुरंत रोके के आह्वान करते हुए कहने कि राज्यों के गवर्नरन के  नेशनल गार्ड की तैनाती करे के चाहि अगर वे ऐसा करे  से मना करत बाने त उ सेना की तैनाती करिहें . मेयरन और गवर्नरन के हिंसा पर काबू पावे तक कानून के कड़ाई से पालन करवावे के चाहीं . फ्लॉयड की मौत के खिलाफ हिंसक प्रदर्शनों के आग अमेरिका के 140 शहरों तक पहुंच गईल बिया , जेके देश में पिछले कई दशकन में सबसे खराब नागरिक अशांति मानल जात बा .

जॉर्ज फ्लॉयड की मौत के बाद शुक्रवार के रात सैकड़ों की संख्या में प्रदर्शनकारी व्हाइट हाउस के बाहर जमा हो गइल रहने . प्रदर्शनकारियन के बाहर इकट्ठा होवे के खबर मिलते ही व्हाइट हाउस के सुरक्षा अधिकारियन द्वारा राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प के अंडरग्राउंड बंकर में ले जाइल गइल . प्रदर्शन रविवार और सोमवार के भी जारी रहल .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments