Tuesday, May 21, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणउज्जैन में महाकाल के दर्शन के बाद विकास दुबे भईल गिरफ्तार

उज्जैन में महाकाल के दर्शन के बाद विकास दुबे भईल गिरफ्तार

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ ( रोहित बाजपाई )

कानपुर के बिकरू गांव में आठ पुलिसकर्मियन के मारे वाला मोस्‍ट वांटेड गैंगस्‍टर विकास दुबे आखिर पुलिस के गिरफ्त में आ गइल बा । विकास दुबे के मध्‍य प्रदेश के उज्‍जैन में महाकाल मंदिर परिसर से गुरुवार सुबह गिरफ्तार करल गइल । जे तरह से उत्‍तर प्रदेश पुलिस विकास के पकड़े खातिर एक-एक कर ओकर साथियन के एनकाउंटर करत रहल ओसे त लागत रहल विकास दुबे के भी एनकाउंटर हो जाई । एनकाउंटर के डर से विकास दुबे अपना आप के गिरफ्तार करवावे खातिर मप्र के उज्जैन स्थित महाकाल मंदिर के चुनलस । ओके पता रहल कि मंदिर में ओकर एनकाउंटर ना हो सकेला ।

महाकाल मंदिर में पहुंचकर दर्शन करे के बाद जब गार्ड रोकलस त  विकास दुबे खुदे चिल्‍ला के बतावे लागल की ” मैं विकास दुबे हूं कानपुर वाला “, ताकि पुलिस बाद में ओके मार न दे ।

घटनाक्रम :

1- कानपुर के चौबेपुर में घटना के अंजाम देकर फरार विकास पहिले दिल्ली-एनसीआर पहुंचल , ओकरा बाद पुलिस के फिर से चकमा दे कर उ मध्यप्रदेश के उज्जैन पहुंच गइल , जहां पे एमपी पुलिस ओके गिरफ्तार कर लिहलस .

2.उज्जैन में गुरुवार के सुबह 8 बजे महाकाल मंदिर परिसर पहुंचलस , उहां प्रसाद के एक दुकान पर एक दुकानदार के और सिक्योरिटी गार्ड के ओपर शक भइल .

3. मंदिर दर्शन के बाद बहार आये पर सिक्योरिटी गार्ड के पूछताछ पर उ खुद ही चिल्ला-चिल्ला कर शोर मचाये लागल की उ कानपुर वाला विकास दुबे ह । ओके गिरफ्तार कर लिहल जाए । ए पर पर महाकाल मंदिर के सुरक्षा में लगल निजी एजेंसी के गार्ड लोग ओके पकड़ने और पुलिस के बुला के सुपर्द कर दिहलें ।

4.पुलिस द्वारा पकड़े जाए पर भी उ जान बूझकर मीडिया के सामने चिल्ला के बतावत रहल के उहे कानपुर वाला विकास दुबे ह ताकि पुलिस कही सुनसान जगह पे ले जा के ओकर एनकाउन्टर ना कर दें .

विकास दुबे के गिरफ्तारी के बाद मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान उज्जैन पुलिस के बधाई दिहले बाने . साथे उ ट्वीट कइने की , ‘जिनको लगता है की महाकाल की शरण में जाने से उनके पाप धूल जाएँगे उन्होंने महाकाल को जाना ही नहीं. हमारी सरकार किसी भी अपराधी को बख्श्ने वाली नहीं है”.

Imgae credit: social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments