Tuesday, May 21, 2024
Homeराजनीतिउत्तर प्रदेश, भाजपा उपाध्यक्ष उपेंद्र दत्त शुक्ल के हृदयगति रुके से निधन

उत्तर प्रदेश, भाजपा उपाध्यक्ष उपेंद्र दत्त शुक्ल के हृदयगति रुके से निधन

न्यूज़ पोस्ट : गोरखपुर (अमरदीप गुप्ता )

भाजपा के प्रदेश उपाध्यक्ष उपेंद्र दत्त शुक्ल के रविवार दोपहर गोरखपुर के पनेशिया अस्पताल में निधन हो गइल । डाक्टरन के अनुसार इनका निधन हार्ट फेल होवे से भइल । उ करीब 65 वर्ष के रहने । दोपहर दो बजे के करीब उनके घबराहट महसूस भइल त खुद चलकर छात्रसंघ चौराहा स्थित एगो निजी अस्पताल में पहुंच गइलें । उहां उनकर बिगड़ती सेहत के देख चिकित्सक उनके भर्ती कइलें लेकिन जबतक इलाज पूरी तरह शुरू हो पावत उनकर सांस रुक गइल । 2018 के उपचुनाव में सीएम योगी आदित्यनाथ इनके आपन गोरखपुर के   राजनीतिक उत्तराधिकारी बनइलें रहने । हालांकि उस दौरान उनके हार के सामना करे के पड़ल रहल ।

पूर्वांचल में उपेंद्र दत्त शुक्ल के पहचान ब्राह्मण चेहरे के रूप में होत रहल , संगठन और कार्यकर्ताओं में इनकर अच्छी पकड़ रहल । प्रदेश में जब राजनाथ सिंह के सरकार रहल , तब उपेंद्र दत्त गोरखपुर में पार्टी के जिलाध्यक्ष रहलें । मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी उपेंद्र दत्त शुक्ला के निधन की सूचना पर दुख जतइले बाने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments