अमेरिकी विदेश मंत्रालय ने श्रीलंका में हाल ही में भईल भीषण आतंकवादी हमला के बाद इ देश के यात्रा पर जाये वाले आपन नागरिकन ख़ातिर चेतावनी जारी कइले बा | एहमे श्रीलंका जाये वाले अमेरिकी लोगन से अपने यात्रा पर पुनर्विचार करके अपील कइल बा | विदेश मंत्रालय ने शुक्रवार के जारी यात्रा परामर्श में यात्रा खतरा के स्तर बढ़ा कर तीन कर देले बा |
मंत्रालय एक बयान जारी करते हुए कहले कि , ‘‘आतंकवादी संगठन श्रीलंका में हमले की योजना लगातार बना रहल बाने | आतंकवादी बिना कउनो चेतावनी के हमला कई सकेलें और पर्यटक स्थलों, यातायात ठिकानों, बाजारों, शॉपिंग मॉल, सरकारी संस्थानों, होटलों, क्लबों, रेस्त्रां, प्रार्थना स्थलों, पार्कों, खेल और सांस्कृतिक कार्यक्रमों, शिक्षण संस्थानों, हवाई अड्डों, अस्पतालों और अन्य सार्वजनिक स्थानन के निशाना बना सकले |
एहमे कहल गईल बा कि सुरक्षा परिदृश्य के मद्देनजर अमेरिकी सरकार के श्रीलंका में अमेरिकी नागरिकन के आपात सेवाएं मुहैया करावे के क्षमता बा | एह बीच एफबीआई के निदेशक क्रिस्टोफर वैरे कहले कि जांच में सहयोग के ख़ातिर उ आपन अधिकारियन के एक दल श्रीलंका भेजले बाने |