Sunday, May 5, 2024
Homeस्वास्थ्य10 करोड़ लोगन के कोरोना के टीका लगावे वाला पहला राज्य बनल...

10 करोड़ लोगन के कोरोना के टीका लगावे वाला पहला राज्य बनल उत्तर प्रदेश

भोजपुरी लाइव / लखनऊ ब्यूरो

उत्तर प्रदेश 10 करोड़ कोविड-19 वैक्सीन खुराक देवे वाला भारत के पहला राज्य बन गइल बा । राज्य में 8.15 करोड़ लोगन के कम से कम एक खुराक के टीका लगाइल गइल बा, जबकि 1.85 करोड़ लोगन के कोरोना वायरस के खिलाफ दुनू टीका लगा दिहल गइल बा ।
इ रिकॉर्ड के साथ, 50 प्रतिशत से अधिक पात्र आबादी के उत्तर प्रदेश में कोविड-19 वैक्सीन के पहली खुराक दे दिहल गइल बा ।

राज्य , ब्लॉक स्तर पर अपने क्लस्टर-आधारित प्रणाली से ग्रामीण क्षेत्रन में टीकाकरण अभियान के विस्तार करके रिकॉर्ड हासिल करने में सक्षम रहल । साथे , टीकाकरण स्थलन के संख्या में वृद्धि करल गइल जेकरा परिणामस्वरूप एके स्थान पर अधिक टीकाकरण सत्र भइल ।

उत्तर प्रदेश सरकार लोगन के कोविड टीका के महत्व के एहसास करावे के खातिर चार महीना पहले से ही प्रत्येक जिला में पूर्व नियोजित विशेष टीकाकरण अभियान के साथ जागरूकता अभियान शुरू कइले रहल । उ कार्यक्रम, आज भी जारी बा , लोगन को टीकाकरण के बारे में जागरूक करल जात बा और उनके एक केंद्र पर पूर्व निर्धारित समय पर “बुलवा परची” के माध्यम से बुलाइल जात बा ।

3 अगस्त के 05 करोड़ डोज पूरा करे के बाद अगले 54 दिनों में 05 करोड़ और वैक्सीन के डोज दिहल गइल . जबकि टीकाकरण कार्यक्रम की शुरूआत में पहले एक करोड़ टीका लगावे में करीब 100 दिन लगल रहल . 10 करोड़ का आंकड़ा पार करे वाला यूपी देश का एकमात्र राज्य बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments