Sunday, April 28, 2024
Homeयुवारोजगार: सरकारी नौकरी के इच्छा जल्दी होई पूरा, यूपी के मिली रोजगार...

रोजगार: सरकारी नौकरी के इच्छा जल्दी होई पूरा, यूपी के मिली रोजगार के सौगात.

न्यूज़ डेस्क लखनऊ: सरकारी नौकरी (Government Job) के इच्छा रखे वाले युवाओं के खातिर सुकून देने वाली खबर सामने आईल बा. उत्तर प्रदेश में विभिन्न औद्योगिक विकास प्राधिकरण (UPEIDA Uttar Pradesh Recruitment) में 572 पदों पर भर्ती होखे वाला बा. आवे वाले समय में उप्र लोक सेवा आयोग (UPPSC) इ भर्तियन के लेकर नोटिफिकेशन जारी कर सकेला. 

कउन- कउन प्राधिकरणों में होई भर्ती
सरकार जउने प्राधिकरणों में भर्ती करे के उद्देश्य बना रहल बा. ओमे नोएडा (Noida),ग्रेटर नोएडा ( Greater Noida),  यमुना एक्सप्रेसवे औद्योगिक विकास प्राधिकरण (यीडा) अउर उप्र राज्य औद्योगिक विकास प्राधिकरण (UPSIDA) शामिल बा. इ भर्तियों के जरिए प्राधिकरण में श्रमिकों के कमी के पूरा करे और निवेश के कामन में तेजी लावे के उद्देश्य बाटे. 

Google Images

लखनऊ प्राधिकरण के 72 पदों पर भर्ती होई
उहें, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के निर्देश के ध्यान में रख के आवास विभाग, विकास प्राधिकरणों में खाली पदन के भरे के कवायद शुरू कर दीहले बाटे. मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक, विभाग 76 सहायक अभियंताओं के भर्ती के प्रस्ताव उप्र लोक सेवा आयोग भेजले बा. ओमे सिविल के 48 और इलेक्ट्रिकल के 28 पदन पर भर्ती करल जाई. इ पदन पर बीटेक या ओकरे समकक्ष डिग्री रखे वाला अभ्यर्थी आवेदन कर सकेलें. उम्मीद बा कि जल्दी एकरे संबंध में विज्ञापन जारी कईल जा सके ला.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments