Sunday, May 5, 2024
Homeटेक्नोलॉजीअब भारत में बनी आईफोन-12, बड़ी संख्या में रोजगार के अवसर भी...

अब भारत में बनी आईफोन-12, बड़ी संख्या में रोजगार के अवसर भी पैदा होंई.

एपल इंडिया अब भारत में आईफोन-12 के उत्पादन (असेंबल) शुरू कर देहले बा। कंपनी के तरफ से बृहस्पतिवार के कहल गयल कि स्थानीय ग्राहकन के खातिर दुनिया के दूसरे सबसे बड़े स्मार्टफोन बाजार भारत में आईफोन-12 का उत्पादन शुरू कर दिहल गिल बा।

हालांकि, कंपनी अभी आपूर्तिकर्ता के नाम का खुलासा नाही कईलले बा। इ मामले से जुड़ल सूत्रन से पता चलल कि ताइवान के मैन्युफैक्चरिंग कंपनी फॉक्सकॉन एपल के तमिलनाडु प्लांट में डिवाइस का उत्पादन करी।

हालांकि, फॉक्सकॉन अभी ए मामले में काउनो टिप्पणी नाहीं काईले बा। अमेरिका और बीजिंग के बीच व्यापार युद्ध के कारण एपल अपने उत्पादन के कुछ क्षेत्रन के चीन से बाहर के बाजारन में स्थानांतरित कर रहल बा।

इहाँ जानल जरुरी हो जला की एपल के कहने पर फॉक्सकॉन कुछ आईपैड और मैकबुक के उत्पादन चीन से वियतनाम ले जाए के तैयारी में बा। एपल 2017 में भारत में आईफोन उत्पादन के शुरुआत वियतनाम के एक अन्य आपूर्ति कंपनी विस्ट्रोन के जरिए किले रहे।

फॉक्सकॉन, विस्ट्रोन और पेगाट्रोन मिलके भारत में अगले पांच साल में 90 करोड़ डॉलर के आईफोन के उत्पादन करी। यह भारत सरकार के 6.7 अरब डॉलर का स्मार्टफोन निर्यात लक्ष्य के पावे में मददगार साबित होई। 

पिछले महीने में खबरें आईल रहे कि एपल भारत में आईपैड टैबलेट के उत्पादन के योजना बना रहल बा। केंद्रीय प्रौद्योगिकी मंत्री रवि शंकर प्रसाद ट्वीट करके कहलन कि भारत के मोबाइल एवं कलपुर्जों के निर्माण क केंद्र बनावे क हमारा प्रयास वैश्विक कंपनियों क ध्यान आकर्षित कर रहल बा। एपल क आईफोन-12 के उत्पादन भारत में शुरू करल इ बात के ओर इशारा कर रहल बा। एकरा से बड़ी संख्या में रोजगार के अवसर भी पैदा होंई। 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments