Saturday, May 4, 2024
Homeटेक्नोलॉजीसस्ते में मिली 8GB रैम अउर 6000mAh के बैटरी वाला Poco के...

सस्ते में मिली 8GB रैम अउर 6000mAh के बैटरी वाला Poco के शानदार स्मार्टफोन, कंपनी देत बा डिस्काउंट ऑफर

भारत में Poco ब्रांड के स्मार्टफोन के डिमांड बढ़ रहल बा। Poco M3 के पहली सेल में रिकॉर्ड 1.5 लाख यूजर्स खरीदले रहलें। साथ ही Poco C3 के रिकॉर्ड सेल हासिल भईल बा। एही तरे Poco X3 स्मार्टफोन के भी काफी डिमांड बा। फोन के Flipkart Electronics Sale में बिक्री के खातिर उपलब्ध करावल गयल बा। जहां Poco X3 के खरीद पर भारी डिस्काउंट ऑफर दिहल जा रहल बा। फोन के दो कलर ऑप्शन Shadow Gray और Cobalt Blue में लंच करल जाई।

Poco X3 स्मार्टफोन में 6.67 इंच के फुल एचडी प्लस डिस्पले देबल गईल बा। जेके कॉर्निंग गोरिल्ला ग्लास5 के प्रोटेक्शन मिलेला। फोन के डिस्पले 2340×1080 पिक्सल अउर 120Hz रिफ्रेश्ड रेड के सपोर्ट करी। जवन गेमिंग के लिहाज से काफी शानदार बा। Poco X3 स्मार्टफोन Qualcomm Snapdragon 732G प्रोसेसर के साथ आ रहल बा। ई दुनिया के पहला स्मार्टफोन बा, जवन Snapdragon 732G प्रोसेसर के साथ आ रहल बा।

अगर फोटोग्राफी के बात करीं त POCO X3 स्मार्टफोन के रियर पैनल पर क्वॉड कैमरा सेटअप मिली। मतलब प्राइमरी सेंसर 64MP वाला Sony IMX 682 होई। एकरे अलावा 13MP वाला 119 डिग्री अल्ट्रा वाइड एंगल लेंस, 2MP टेलीमाइक्रो लेंस अउर 2MP डेप्थ सेंसर मिली। वही फोन के फ्रंट पैनल पर सेल्फी और वीडियो कॉलिंग के खातिर 20MP इन-स्क्रीन कैमरा दिहल गयल बा। स्मार्टफोन में 6000mAh के बैटरी मिली। जवन 33W के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के साथ रही। डिवाइस में डाइड माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसर देबल गईल बा। फोन Android 10 पर बेस्ड MIUI 12 पर काम करी।

बता देहीं कि POCO X3 स्मार्टफोन के 6GB RAM + 64GB स्टोरेज वेरिएंट के 14,499 रुपये में खरीदल जा सकेला। जबकि एकरे आलावा 6GB RAM + 128GB स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 15,499 रुपया बा। वहीं 8GB RAM + 128GB स्टोरेज वेरिएंट 17,499 रुपये में आई। फोन के खरीद पर 1000 रुपये का इंस्टैंट डिस्काउंट ऑफर कईल जा रहल बा। साथ ही HDFC बैंक क्रेडिट कार्ड से भी सस्ता में स्मार्टफोन खरीदल जा सकेला। एकरे अलावा 745 रुपया प्रतिमाह के EMI ऑप्शन पर भी फोन के खरीदा जा सकेला। 

(Image source google)

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments