Tuesday, April 30, 2024
Homeदिल्ली-NCRराशन के डोर स्टेप डिलीवरी पर रोक, AAP के मोदी सरकार पर...

राशन के डोर स्टेप डिलीवरी पर रोक, AAP के मोदी सरकार पर गंभीर आरोप

न्यूज़ डेस्क नई दिल्ली: राशन के डोर स्टेप डिलीवरी करे वाली दिल्ली सरकार (Delhi Government) के योजना पर शुक्रवार के केंद्र सरकार (Central Government) रोक लगा देहले बा. दिल्ली सरकार के खाद्य आपूर्ति सचिव के केंद्र सरकार से मिलल चिट्ठी से ई बात के जानकारी देबल गईल बा.

25 मार्च के लॉन्च होखे वाली रहे योजना
केजरीवाल सरकार 25 मार्च से ‘मुख्यमंत्री घर-घर राशन योजना’ के दिल्ली में लॉन्च करे वाली रहे. जेकरे खातिर टेंडर भी जारी कर देबल गईल रहे. लेकिन अब केंद्र सरकार इस योजना पर रोक लगा देहले बा. जेकरे बाद आम आदमी पार्टी (AAP) अपने ऑफिशियल ट्विटर हैंडल से ट्वीट करके आरोप लगईले बिया कि मोदी सरकार राशन माफिया खत्म करे के खिलाफ काहें बा?

का बा ‘घर-घर राशन योजना’?
राशन माफिया के खत्म करे के खातिर दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल (Arvind Kejriwal) जनवरी में ई योजना के ऐलान कईले रहले. जेकरे खातिर दिल्ली में रहे वाले राशन कार्ड धारकन के घर तक राशन पहुंचावे के बेवस्था रहे. हालांकि पहिले के तरह राशन दुकान से लेबे वाली योजना भी वैकल्पिक रूप से जारी रही. स्कीम के तहत चीनी, चावल, गेंहू और आटा समेत अन्य सुविधा घर-घर देहल जाई.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments