Saturday, May 18, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणइंग्लैंड के खिलाफ वनडे टीम के ऐलान, क्रुणाल पांड्या के एंट्री पृथ्वी...

इंग्लैंड के खिलाफ वनडे टीम के ऐलान, क्रुणाल पांड्या के एंट्री पृथ्वी शॉ के मौका ना

इंग्लैंड के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज के आगाज 23 मार्च से होए जा रहल बा, जेकरे खातिर चयन समिति भारत के वनडे टीम के ऐलान कर देहले बा. भारत इंग्लैंड के साथ 23 से 28 मार्च तक तीन मैचों के वनडे सीरीज खेलल जाई. सीरीज के तीनों मैच पुणे के महाराष्ट्र क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम में खेलल जाई.

वनडे टीम में क्रुणाल पांड्या के एंट्री

google images

सूर्यकुमार यादव, प्रसिद्ध कृष्णा, क्रुणाल पांड्या और मोहम्मद सिराज इंग्लैंड के खिलाफ तीन वनडे मैचों के सीरीज के खातिर भारतीय टीम में चुनल गयल. वनडे टीम में हार्दिक पांड्या के भाई क्रुणाल पांड्या के उनके शानदार प्रदर्शन के वजह से चुनल गयल बा. एसे पहिले क्रुणाल पांड्या भारत के खातिर टी-20 इंटरनेशनल में खेल चुकल बाने. क्रुणाल पांड्या भारत के खातिर 18 टी-20 इंटरनेशनल मुकाबला खेल चुकल बाने. सूर्यकुमार यादव के भी इंग्लैंड के खिलाफ टी20 सीरीज में शानदार बल्लेबाजी करे क इनाम मिलल.

पृथ्वी शॉ के मौका ना

google images

क्रुणाल पांड्या के वनडे डेब्यू के इंतजार बा. क्रुणाल पांड्या विजय हजारे ट्रॉफी में दो नाबाद शतक अउर दो अर्धशतक लगईले रहलें. हालांकि विजय हजारे ट्रॉफी में सर्वाधिक स्कोरर रहल पृथ्वी शॉ और देवदत्त पडीकल के अनदेखी कयल गईल बा. पृथ्वी शॉ टूर्नामेंट में सर्वाधिक 827 और पडीकल 737 रन बनईले बाने. एकरे अलावा भारतीय घरेलू सर्किट के तेज गेंदबाज प्रसिद्ध कृष्णा के वनडे टीम में चुनल गयल बा. प्रसिद्ध कृष्णा विजय हजारे ट्रॉफी में कर्नाटक के ओर से खेलत रहलें अउर 7 मैचों में 22.2 की औसत से 14 विकेट लेहले बाने.

के भईल वनडे टीम से बाहर

चयन समिति मनीष पांडे, मयंक अग्रवाल, संजू सैमसन, रवींद्र जडेजा, जसप्रीत बुमराह अउर मोहम्मद शमी के इंग्लैंड के साथ होने वाली वनडे सीरीज के खातिर टीम में नाहीं चुनले बा, जबकि ई खिलाड़ी ऑस्ट्रेलिया दौरा के खातिर टीम क हिस्सा रहलें.

इंग्लैंड के खिलाफ वनडे टीम

विराट कोहली (कप्तान), रोहित शर्मा (उप कप्तान), शिखर धवन, शुभमन गिल, श्रेयस अय्यर, सूर्यकुमार यादव, हार्दिक पांड्या, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), केएल राहुल (विकेटकीपर), युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, क्रुणाल पंड्या वाशिंगटन सुंदर, टी नटराजन, भुवनेश्वर कुमार, मोहम्मद सिराज, प्रसिद्ध कृष्णा, शार्दुल ठाकुर.

(Image source google)

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments