न्यूज़ डेस्क नई दिल्ली
लगातार गिरते शेयर और खस्ता हालत के चलते यस बैंक वित्तीय संकट से जूझत बा ।
यस बैंक के ग्राहकों के ध्यान में रखके रिजर्व बैंक यस बैंक से प्रति अकाउंट 50 हजार रुपए तक की निकासी तय कर दिहले बा । यानी भले ही यस बैंक के आपके खाते में लाखों रुपए हों, लेकिन आप सिर्फ 50 हजार रुपए ही निकाल सकें ले । फिलहाल इ प्रतिबंध 30 दिनों के लिए लगाइल गइल बा जो 5 मार्च से शुरू होई और 3 अप्रैल तक चली । बता दें कि आरबीआई यस बैंक के बोर्ड को भी अपने नियंत्रण में ले लिहले बा ।
वित्तीय संकट से जूझत यस बैंक के डूबे से बचावे के खातिर भारतीय स्टेट बैंक आगे बढ़कर कुछ अहम कदम उठइले बा , जेमे इ भी शामिल बा कि एसबीआई और एलआईसी यस बैंक में 49 फीसदी की हिस्सेदारी ली । खबर बा कि दोनों 24.5 फीसदी की हिस्सेदारी लिहें। सरकार के कोशिश बा कि कैसे भी कर के यस बैंक के बचाइल जा सके, ताकि ग्राहकन के हित के रक्षा हो सके। बाजार में जब से इ खबर आईल बा कि भारतीय स्टेट बैंक वित्तीय संकट से जूझत यस बैंक में हिस्सेदारी ली , तब से यस बैंक और भारतीय स्टेट बैंक दोनों के ही शेयर गिरत जात बा ।