Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणजेल में फायरिंग से योगी नाराज, छह घंटा के अंदर ही मामले...

जेल में फायरिंग से योगी नाराज, छह घंटा के अंदर ही मामले के रिपोर्ट मांगले

भगवान राम के तपोस्थली चित्रकूट के जिला जेल में शुक्रवार के गैंगवार में दर्जनों राउंड फायरिंग के गूंज लखनऊ में सीएम योगी आदित्यनाथ के सरकारी आवास तक पहुंच गईल बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ए प्रकार के घटना पर बेहद नाराजगी जतुळे के साथ ही सिर्फ छह घंटा के अंदर ही इ मामले के रिपोर्ट मांगले बाने।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेश के महानिदेशक जेल आनंद कुमार से मामले के रिपोर्ट तलब कइले बाने। एकरे साथ ही डीजी जेल के निर्देशित कइलें कि मंडलायुक्त चित्रकूटधाम मंडल डीके सिंह, पुलिस महानिरीक्षक चित्रकूट धाम के. सत्यनारायण अउर डीआइजी जेल, मुख्यालय लखनऊ संजीव त्रिपाठी के टीम इ प्रकरण के जांच करे। इतना ही ना इ जांच समिति से सिर्फ छह घंटे में ही जांच रिपोर्ट मांगल गईल बा।

चित्रकूट जिला जेल में शुक्रवार के दिन में करीब दस बजे गैंगस्टर सीतापुर के अंशु दीक्षित के साथ मुकीम काला अउर उसके साथी मेराजु्द्दीन उर्फ मेराज अली के बीच भईल झड़प मारपीट के बाद गोलीबारी में बदल गईल। इ दौरान अंशु दीक्षित ताबड़तोड़ फायरिंग कर मुकीम काला और मेराजु्द्दीन उर्फ मेराज अली के मौत के घाट उतार देलें। जेल में फायरिंग की जानकारी के बाद पुलिस अंशु दीक्षित के चारों तरफ से घेर लेलस त उसने अन्य कैदियन के आपन ढाल बनावल चहलस। एही बिच में बीच पुलिस ओकरे ऊपर शिकंजा कस लेलस।

उ जब पुलिस पर फायर कईलस त पुलिस भी जवाबी कार्रवाई में ओके ढेर कर देलस। अंशु दीक्षित के प्रदेश में काफी आतंक रहल। लम्बे समय से चित्रकूट जेल में बंद अंशु दीक्षित एसटीएफ से भी कई बार लोहा ले चुकल रहे। पुलिस के गिरफ्त से भागले के बाद फिर एसटीएफ ही ओकर गिरफ्तार कइले रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments