Friday, May 10, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपुलिस सुधार के खातिर योगी सरकार उठवले बड़ा कदम

पुलिस सुधार के खातिर योगी सरकार उठवले बड़ा कदम

यूपी के योगी सरकार नोएडा अउर लखनऊ में पुलिस कमिश्नर सिस्टम लागू कईले के फैसला कईले। लोक भवन में कैबिनेट के बैठक के बाद सीएम योगी आदित्यनाथ एकर एलान कईले। अब नोएडा अउर लखनऊ में कानून व्यवस्था के जिम्मेदारी पुलिस अफसर के होइ जबकि एह जिला में तैनात डीएम के पास अब सिर्फ राजस्व, आबकारी अउर जमीन से जुड़ल मामला के काम ही रह जाई पुलिस अफसरन के मजिस्ट्रेट के पावर भी मिल जाई।
नोएडा में आईजी या फिर एडीजी रैंक के आईपीएस अधिकारी के पुलिस कमिश्नर के जिम्मेदारी दिहल जाई। ओकरे नीचे डीआईजी रैंक के दो अफसर के एडिशनल कमिश्नर बनवले के प्रस्ताव बा पूरे शहर के तीन जोन में बांट के हर जोन के जिम्मेदारी डीसीपी के दिहल जाई जउन एसपी रैंक के पुलिस अफसर होइ। अगले कुछ घंटा में पुलिस कमिश्नर के नाम के भी एलान हो जाई।

 

News Source- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments