Friday, April 26, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकैबिनेट के सिफारिश के बाद भंग कईले 16वीं लोकसभा राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद

कैबिनेट के सिफारिश के बाद भंग कईले 16वीं लोकसभा राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद 16वीं लोकसभा के भंग कईले के कैबिनेट के सिफारिश के मंजूर कई लिहले | राष्ट्रपति भवन से एकर जानकारी मिलल | शुक्रवार के कैबिनेट 16वीं लोकसभा भंग कईले के सिफारिश कईले रहले अउर राष्ट्रपति से एके तत्काल प्रभाव से भंग कईला के आग्रह भी कईले रहले |16वीं लोकसभा के कार्यकाल 3 जून के समाप्त हो रहल बा | एकर पहली बैठक 4 जून 2014 के बुलवाल गईल रहल अउर तब सदस्य लोग पद और गोपनीयता के शपथ लिहले रहले |
लोकसभा चुनाव में बहुमत मिलला के बाद बीजेपी 16वी लोकसभा के भंग कईले के सिफारिश कईले रहल | राष्ट्रपति भवन के विज्ञप्ति के अनुसार, राष्ट्रपति कैबिनेट के एह सिफारिश के स्वीकार करते हुए संविधान के अनुच्छेद 85 के उपबंध 2 के सह उपबंध (ब) के तहत प्राप्त अधिकार के प्रयोग करते हुए 16वीं लोकसभा भंग कईले के आदेश पर हस्ताक्षर कर दिहले |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments