Friday, April 26, 2024
Homeराजनीतिमायावती के बाद अखिलेश भी दिहले संकेत - का गठबंधन के होइ...

मायावती के बाद अखिलेश भी दिहले संकेत – का गठबंधन के होइ अंत !

लोकसभा चुनाव में मिलल करारी शिकस्त के 11 दिन बाद उत्तर प्रदेश में मायावती के गठबंधन से अलग दिहले के संकेत के बाद अखिलेश भी आपन चुप्पी संकेत देके तोड़ ही दिहले , लेकिन समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव फिलहाल अभिन भी कुछ भी टिप्पणी कईले से बचत बाने | हालांकि आजमगढ़ में पत्रकार लोगन के काफी पुछला के बाद अखिलेश यादव संकेत दे दिहले कि कि अब उ अपने साधन अउर संसाधन से चुनाव लड़िहे |
दरअसल , दिल्ली में चुनाव परिणाम के समीक्षा बैठक में बसपा प्रमुख मायावती आरोप लगौली कि गठबंधन से उनके पार्टी से फायदे के जउन उम्मीद रहल , उ उम्मीद पूरा नाही भईल | मायावती उत्तरप्रदेश में खाली हो रहल 11 विधानसभा सीट पर होवे वाले उपचुनाव में अकेले अपने पार्टी के उम्मीदवार खड़ा कईल चाहत बानी | आप लोगन के बता दिहल जा कि बसपा 10 साल बाद उपचुनाव में अपने प्रत्यासी के खड़ा करी |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments