राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद 16वीं लोकसभा के भंग कईले के कैबिनेट के सिफारिश के मंजूर कई लिहले | राष्ट्रपति भवन से एकर जानकारी मिलल | शुक्रवार के कैबिनेट 16वीं लोकसभा भंग कईले के सिफारिश कईले रहले अउर राष्ट्रपति से एके तत्काल प्रभाव से भंग कईला के आग्रह भी कईले रहले |16वीं लोकसभा के कार्यकाल 3 जून के समाप्त हो रहल बा | एकर पहली बैठक 4 जून 2014 के बुलवाल गईल रहल अउर तब सदस्य लोग पद और गोपनीयता के शपथ लिहले रहले |
लोकसभा चुनाव में बहुमत मिलला के बाद बीजेपी 16वी लोकसभा के भंग कईले के सिफारिश कईले रहल | राष्ट्रपति भवन के विज्ञप्ति के अनुसार, राष्ट्रपति कैबिनेट के एह सिफारिश के स्वीकार करते हुए संविधान के अनुच्छेद 85 के उपबंध 2 के सह उपबंध (ब) के तहत प्राप्त अधिकार के प्रयोग करते हुए 16वीं लोकसभा भंग कईले के आदेश पर हस्ताक्षर कर दिहले |