Friday, May 3, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणचक्रवाती तूफान 'यास' आज मचाई भारी तबाही!

चक्रवाती तूफान ‘यास’ आज मचाई भारी तबाही!

न्यूज़ डेस्क नई दिल्‍ली. 

देश के पूर्वी तटीय क्षेत्रन में चक्रवाती तूफान ‘यास’ के खतरा बढ़ गइल बा . मौसम विभाग (IMD) बंगाल की खाड़ी में बनल कम दबाव के क्षेत्र के चक्रवाती तूफान ‘यास’ (Yaas Cyclone) में बदले के संभावना जताइले बा और ओके 26 मई के पश्चिम बंगाल और ओडिशा के तट पर पहुंचे के अनुमान बा . मौसम विभाग के मुताबिक चक्रवाती तूफान यास भी टाउते के तरह ही बड़ा खतरा बन चुकल बा . इ दौराना दोनों राज्यों में हवा 155 से 165 किमी प्रति घंटे से 185 किमी प्रति घंटे की रफ्तार से चले के संभावना बा .

चक्रवाती तूफान यास के भी टाउते तूफान की तरह ही भारी तबाही मचाने की आशंका जताई जात बा . इ पिछले साल पश्चिम बंगाल में आए चक्रवाती तूफान अम्‍फान की तरह ही विनाशकारी रहल . एक साल पहले आए चक्रवाती तूफान अम्‍फान के दौरान तीन मिनट में हवा की रफ्तार 240 किमी प्रति घंटा पहुच गइल रहल , जेके कारण 80 लोगन के जान चली गइल रहे . एही तरह साल 1999 में आए सुपर साइक्‍लोभी बंगाल की खाड़ी में भारी तबाही मचाइले रहल . उ दौराना ओडिशा में 260 से 300 किमी प्रति घंटे की रफ्तार हवा चले लागल रहे , जेसे 10,000 लोगन के जान चली गइल रहे .

चक्रवाती तूफान यास के खतरे को देख के दोनों राज्यन में, राष्ट्रीय आपदा मोचन बल यानी एनडीआरएफ, सेना और तटरक्षक बल को सेवा में लगाइल गइल बा . एनडीआरएफ की 85 टीमों में से 32 को बंगाल में और 28 को ओडिशा में तैनात करल गइल बा . कुछ टीमें आंध्र प्रदेश, तमिलनाडु और अंडमान और निकोबार द्वीप समूह में तैनात करल गइल बा . बंगाल सरकार राज्य सचिवालय ‘नबन्ना’ में एगो नियंत्रण कक्ष स्थापित करल गइल बा, जेके मंगलवार और बुधवार के ममता बनर्जी खुद संचालित करिहें .

News written by:- Piyush Dhar Dwivedi (Editor)

Image credit: social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments