Sunday, May 5, 2024
Homeराजनीतिदशहरा पर RSS प्रमुख मोहन भागवत मॉब लिंचिंग पर दिहले बड़ा बयान

दशहरा पर RSS प्रमुख मोहन भागवत मॉब लिंचिंग पर दिहले बड़ा बयान

आरएसएस के स्थापना दिवस के मौके पर सरसंघचालक मोहन भागवत देश के कई महत्वपूर्ण मुद्दन पर आपन बात कहले। मोहन भागवत के विजयादशमी के भाषण नई सरकार, 370, मॉब लिंचिंग, चंद्रयान, अर्थव्यवस्था अउर महिला शक्तिकरण के इर्द-गिर्द रहे। भागवत ने लिंचिंग शब्द के जिक्र करते हुए कहले कि यह शब्द हमारी परंपरा का हिस्सा ना हवे। लेकिन एकर इस्तेमाल कइके भारत के बदनाम कईले के कोशिश कईल जाट बा । बता दें कि इस कार्यक्रम में महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस, केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी, पूर्व सेना प्रमुख जनरल वीके सिंह संघ के गणवेश में वहां पहुंचले । एचसीएल के संस्थापक शिव नाडर कार्यक्रम के मुख्य अतिथि रहले ।
मोब लीचिंग के लेके मोहन भागवत कहले कि , ‘एक समुदाय के लोगन के द्वारा दूसरे समुदाय के व्यक्तिन के चोट पहुंचावे वाली खबर सुने के मिलला । अयीसन दूसरे समुदाय के तरफ से भी इ घटना होला । कुछ नाहीं होला तब भी बात के बढ़ावल जाला । दुनो तरफ से तरफ से एह घटना के लेके पूरे समुदाय के जिम्मेदार मानल जाला । समाज के एक करे वाली ताकतन के एह मुद्दा में घसीटल जाला । ‘

Image credit- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments