Sunday, May 5, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणवायु सेना दिवस मनावल गईल हिन्डन एयर बेस पर

वायु सेना दिवस मनावल गईल हिन्डन एयर बेस पर

भारतीय वायुसेना के 87वें स्थापना दिवस के मौके पर मंगलवार के गाजियाबाद के हिंडन एयरफ़ोर्स स्टेशन पर भारतीय वायुसेना के जांबाज़ सेना के ताक़त के प्रदर्शन कईले । कार्यक्रम के दौरान भारतीय वायु सेना के कई वरिष्ठ अधिकारियन के साथ कई दूसरे देशों के सैन्य अधिकारी भी शामिल भईले अउर एयर शो के ख़ूबसूरत नज़ारे का लुत्फ़ उठौले।
वायु सेना दिवस के एयर शो क़रीब एक घंटे तक चलल । एह दौरान भारतीय वायुसेना के आकाश गंगा टीम, गरुड़ कमांडो यूनिट, एयर वॉरियर शो अउर विंटेज यानी पुराने ट्रेनर विमान से लेकर मेक इन इंडिया थीम के तहत बनल विमानन से करतब दिखौले। यहां दर्शकन के बैठले के ख़ास इंतज़ाम कईल गईल रहे।तेजस समेत कई विमान अपने क्षमता के प्रदर्शन कईले।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments