Sunday, May 12, 2024
Homeराजनीतिबिहार में आज बा पहिला चरण के चुनाव प्रचार के आखिरी दिन,...

बिहार में आज बा पहिला चरण के चुनाव प्रचार के आखिरी दिन, सब केहू लगाई आपन जोर

न्यूज़ डेस्क: पटना

बिहार में ए बार 3 चरण में मतदान हो रहल बा . पहिले चरण के मतदान 28 अक्टूबर के होई एही से पहले चरण के प्रचार के आज आखिरी दिन बा . आज सबी दल मतदाता लोगिन के लुभावे के भरसक कोशिस करिहें .

 प्रचार के आखिरी दिन होवे के वजह से राज्य में आज कई बड़ी चुनावी रैली भी होई . भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष जेपी नड्डा, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, राष्ट्रीय जनता दल के नेता तेजस्वी यादव समेत कई बड़े नेताओं आज चुनावी रैली करिहें .

भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष जेपी नड्डा सोमवार के दू जगह पर चुनावी रैलियां करिहें. दोपहर 12 बजे औरंगाबाद में नड्डा चुनावी जनसभा को संबोधित करिहें , त शाम 3.55 बजे पूर्णिया में चुनावी रैली के संबोधित करिहें. नड्डा के अलावा बीजेपी नेता भूपेंद्र यादव और अभिनेता-सांसद रवि किशन आज चार चुनावी रैली करिहें.

बीजेपी नेता भूपेंद्र यादव और अभिनेता-सांसद रवि किशन आज राजौली, नवीनगर, दिनारा और बक्सर में चुनावी रैली के संबोधित करिहें. एकरा अलावा केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी और संजय जायसवाल की तीन रैलियां होई . बीजेपी के इ दोनों नेता वरसालीगंज, बोधगया और शाहपुर में चुनावी जनसभा के संबोधित करिहें .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments